भूमध्यसागरीय जलवायु
Jump to navigation
Jump to search
भूमध्यसागरीय जलवायु भा रूमसागरीय जलवायु एगो जलवायु प्रकार हवे जे मुख्य रूप से भूमध्यसागर के चारों ओर के इलाका में पावल जाले। एकरे अलावा ई अमेरिका के पच्छिमी किनारे पर, चिली के कुछ हिस्सा में, दक्खिन अफिरका के कुछ भाग में पावल जाले। एह जलवायु के प्रमुख बिसेसता हवे समशीतोष्ण तापमान आ जाड़ा में बरखा।
एह इलाका सभ में रसदार फल सभ के खेती एह जलवायु के प्रमुख परभाव हवे। मनुष्य के निवास करे खातिर ई जलवायु वाला इलाका बढ़ियाँ मानल गइल बा।