ताना भगत आंदोलन

विकिपीडिया से
ताना भगत आंदोलन
राँची जिला में जतरा भगत के मुर्ती
Duration1914 - 1919
Locationछोटा नागपुर, बिहार, ब्रिटिश भारत
Also known asउराँव ताना भगत आंदोलन
Typeसत्याग्रह
Organised byजतरा भगततुरिया भगत
Participantsताना भगत लोग, उराँव, मुंडा

ताना भगत आंदोलन चाहे टाना भगत आंदोलन (1914-1920)[1] भारतीय राज्य बिहार के छोटा नागपुर इलाका, वर्तमान झारखंड में, के आदिवासी समुदाय ताना भगत आ उराँव लोग के एगो आंदोलन रहल जेह में ब्रिटिश सत्ता के खिलाफ सत्याग्रह कइल गइल आ अहिंसक आंदोलन कइल गइल। एह आंदोलन के अगुआ जतरा उराँव रहलें जे नया पंथ चलवलें आ ई लोग ताना भगत कहाए लागल।[2][3][4][3]

ताना भगत लोग ब्रिटिश सरकार के बिरोध कइल आ टैक्स देवे से मना क दिहल। भारतीय आजादी के आंदोलन सभ में ई पहिला सत्याग्रह (सिविल डिसऑबीडिएंस) के नमूना रहल, इहाँ तक कि गाँधी के सत्याग्रह से भी पहिले अइसन आंदोलन इहे लोग कइल। ई लोग जमींदार, बनिया, मिशनरी, मुसलमान आ ब्रिटिश सरकार के बिरोध कइल।[4] 1920-21 में गाँधीजी इहाँ राँची अइलें आ ताना भगत लोगन से संपर्क भइल आ ई लोग गाँधी जी के अनुयाई बनत गइल।[5]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Kumar, Sanjay (2008). "THE TANA BHAGAT MOVEMENT IN CHOTANAGPUR (1914-1920)". Proceedings of the Indian History Congress. 69: 723–731. Retrieved 26 जून 2018.
  2. Gupta, K. A. "Tana Bhagats want early solution to their problems | Ranchi News - Times of India". The Times of India (अंग्रेजी में). Retrieved 8 फरवरी 2022.
  3. 3.0 3.1 Roy, Rai Bahadur Sarat Chandra (1915). The Oraons of Chota Nagpur: Their History, Economic Life, and Social Organisation (अंग्रेजी में). Crown Publications.
  4. 4.0 4.1 Dasgupta, Sangeeta (1999-02-01). "Reordering a World: The Tana Bhagat Movement, 1914-1919". Studies in History (अंग्रेजी में). 15 (1): 1–41. doi:10.1177/025764309901500101. ISSN 0257-6430.
  5. डाँ. जे. पी. सिंह (1 अप्रैल 2016). आधुनिक भारत में सामाजिक परिवर्तन. PHI Learning Pvt. Ltd. pp. 223–. ISBN 978-81-203-5232-2.