राकस ताल

विकिपीडिया से
राकस ताल
राक्षस ताल
उपग्रह से लिहल चित्र में बाएँ राकसताल आ दाहिने मानसरोवर; पाछे कैलाश परबत बा
Map
नक्शा पर राकस ताल के लोकेशन
लोकेशनतिब्बत
निर्देशांक30°39′N 81°15′E / 30.65°N 81.25°E / 30.65; 81.25निर्देशांक: 30°39′N 81°15′E / 30.65°N 81.25°E / 30.65; 81.25

राकस ताल भा राक्षस ताल हिमालय-पार क्षेत्र में, चीन के अधिकार वाला तिब्बत खुदशासित इलाका में एगो झील बा। ई झील परसिद्ध मानसरोवर के ठीक बाएँ (पच्छिम) ओर कुछे दूरी पर बा आ कैलाश परबत के दक्खिन में बा। कुछ जगह एह झील के सतलज नदी के उदगम बतावल जाला, हालाँकि, वर्तमान में ई एगो अइसन झील के रूप में बा जेकर पानी कहीं बहरें ना बहे ला आ ई खारा पानी के झील बन चुकल बा।[1] सतलज नदी एकरे उत्तरी-पच्छिमी माथ से कुछ आगे से निकले ले। हँऽ ई जरूर होला कि कबो मानसरोवर में पानी बेसी हो जाला तब ओभरफ्लो वाला पानी राकस ताल में आवे ला; एह दसा में इनहन के बिचा में बहे वाली नदी के गंगा छू हवे[2] हालाँकि जब मानसरोवर में पानी कम रहे ला ई नदी गायब रहे ले।[3]

वास्तव में देखल जाय तब मानसरोवर आ राकस ताल एक तरह से जोड़ुआ झील हईं आ इनहन के के आसपास के कुछ दूरी के इलाका से कई गो बड़हन नदी सभ के उदगम होला जेह में सिंधु, सतलज, घाघराब्रह्मपुत्र नियर बिसाल नदी बाड़ी स।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. D. Raveendranathan (27 June 2017). Himalayas Melting and Peninsular India Wilting. Notion Press. pp. 236–. ISBN 978-1-947202-44-3.
  2. M.S. Mani (6 December 2012). Ecology and Biogeography in India. Springer Science & Business Media. pp. 36–. ISBN 978-94-010-2331-3.
  3. Veena Sharma (31 December 2004). Kailash Manasarovar: A Sacred Journey. Roli Books Private Limited. pp. 99–. ISBN 978-93-5194-021-0.