एह पन्ना पर मुख्य पन्ना खाती समाचार के सुझाव दिहल जा सकत बा आ अइसन सुझावन पर चर्चा कइल जाला।
वर्तमान में मुख्य पन्ना पर...
चंद्रयान-3 (इंटीग्रेटेड मॉड्यूल के फोटो) के सफल लैंडिंग के बाद चंद्रमा के दक्खिनी ध्रुव इलाका में सॉफ्ट लैंडिंग करावे वाला भारत पहिला देस, आ चंद्रमा पर उतरे वाला चउथा देस बन गइल।
2023 आईपीएल के सुरुआत हो चुकल बा जे 28 मई ले चली। पहिली बेर एह में भोजपुरी भाषा में कमेंट्री हो रहल बा।
नाटू नाटू गीत के 95वाँ अकादमी अवार्ड्स में 'ओरिजिल सॉन्ग' की श्रेणी में ऑस्कर अवॉर्ड मिलल बाटे, ई एह इनाम के पावे वाला पहिला भारतीय आ एशियाई गीत बाटे।
जापान के पूर्व परधानमंत्री शिंजो आबे के निधन भ गइल, उनुका के गोली मारल गइल रहल।
सभसे पहिले समाचार पैमाना पढ़ लीं; जवन समाचार के सुझाव दिहल चाहत बानी ओकरा से संबंधित मुख्य लेख के अपडेट क लेईं। ओकरे बाद नीचे दिहल बिधी से नामांकन करीं:
नामांकन के खंड तारीख अनुसार बनावल जाला
अगर पाहिले से ओही तारीख खाती कौनों समाचार के नामांकन भइल बा तब ओह तारीख वाला खंड में {{समाचार उमेदवार}} के इस्तेमाल से नया नामांकन करीं; एह टेम्पलेट के इस्तेमाल के बिधी टेम्पलेट के पन्ना पर दिहल बाटे।
अगर पहिले से कौनों नामांकन नइखे आ नया तारीख के साथ नया नामांकन करे के बाटे तब नीचे के बटन दबा के फारम भरीं आ झलक देखीं, आश्वस्त होखे पर पन्ना सहेज देईं।