बिहिरी
बिहिरी Peregrine falcon | |
---|---|
अपने शिकार के साथ एगो बिहिरी, नोवा स्कोशिया, कनाडा | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
किंगडम: | एनिमेलिया |
फाइलम: | कार्डेटा |
क्लास: | एव्स |
ऑर्डर (Order): | फाल्कनीफॉर्म्स |
परिवार: | फाल्कनाइडी |
जाति (Genus): | फाल्को |
प्रजाति: | F. peregrinus |
दूपद नाँव | |
Falco peregrinus Tunstall, 1771 | |
उपप्रजाति | |
17–19, लेख में देखल जाय | |
F. peregrinus के बैस्विक बितरण
गर्मी में प्रजनन काल निवास प्रजनन काल निवासी जाड़ा में प्रवासी आवागमन में प्रवास | |
अउरी दूसर नाँव | |
Falco atriceps ह्यूम |
बिहिरी, बहिरी या बहरी[नोट 1](अंग्रेजी: Peregrine falcon, पेरेग्रीन फाल्कन; बैज्ञानिक नाँव:Falco peregrinus) चिरइन के बाज परिवार के चिरई बा।[2][3][4] ई एक ठो शिकारी चिरई हवे। बड़हन कउआ के आकार के ई बाज, निलछाहूँ-स्लेटी रंग के पीठ आ सफेद धारीदार पेट वाला, काला मूंडी वाला आ मोंछदार होला। खास चिरइन के शिकार करे वाली अउरी अपने नियर शिकारी पक्षिन के तरे इहो चिरई लैंगिक बिसम रुपी होले आ मादा के आकर नर के आकार से पर्याप्त बड़हन होला।[5][6] बिहिरी के एकरे तेजी खातिर जानल जाला, काहें की अपने शिकार के झपट के पकड़े खातिर गोता लगावत घरी एकर स्पीड 322 किमी/घं (200 मील/घं) से ढेर होला[7], इहे बिसेसता एकरा के धरती के सभसे तेज जानवर बना देले।[8][9] नेशनल ज्योग्राफिक के टीवी प्रोग्राम के अनुसार अबले बिहिरी के सभसे तेज गति 389 किमी/घं (242 मील/घं) नापल जा चुकल बाटे।[10][11]
बिहिरी के प्रजनन क्षेत्र आर्कटिक टुंड्रा से ले के उष्णकटिबंधीय क्षेत्र तक बिस्तार लिहले बाटे। खाली ध्रुवीय प्रदेश आ बहुत ऊँच पहाड़ी इलाका के आ उष्णकटिबंधीय वर्षावन के छोड़ के, ई धरती पर लगभग हर जगह पावल जाले। बर्फ़ से तोपाइल न रहे वाला जमीनी हिस्सा में खाली न्यूजीलैंड अइसन जगह बा जहाँ ई ना पावल जाले। ई बिसेसता के कारण ई दुनिया के सभसे ढेर बिस्तार क्षेत्र वाली शिकारी चिरई भी बाटे[12] आ दुनिया के सभसे ढेर पावल जाए वाली चिरई सभ में से गिनल जाले। एक्सपर्ट लो एह चिरई के 19 से 19 गो ले उपप्रजातिन के पहिचान करे ला जवन क्षेत्र आ रंग रूप के अंतर के आधार पर अलगावल जालीं; इहो बिबाद के बिसय बा की Barbary falcon के दू गो उपप्रजाति Falco peregrinus के नाँव से आ F. pelegrinoides. कहल जाला अलग बाड़ी की नाहीं। ई निर्धारित कइल गइल बा की इनहन में जेनेटिक बिसमता मात्र 0.6–0.8 % होले।[13]
एकरे भोजन में आमतौर पर माझिल आकार के चिरई होलीं बाकी ई कबो-कबो छोट मैमल, छोट रेंगे वाला जंतु आ किरौना भी खा लेला। साल भर की उमिर में ई बच्चा पैदा करे लायक वयस्कता पा जाला आ ओकरे बाद जीवन भर प्रजनन करे ला। ई सामान्य रूप से scrape में रहे ला, जवन ऊँच क्लिफ़ के किनारा पर होला या फिर नया ज़माना में मनुष्य के बनावल ऊँच बिल्डिंग में भी हो सकेला।[14] कुछ इलाका सभ में ई चिरई खतरा में आ गइल रहे जहाँ कीटनाशक के बहुत इस्तेमाल होखे, खासतौर पर डीडटी के। सत्तर के दश में डीडीटी पर प्रतिबंध लगले के बाद से एकरे संख्या में बढ़ती देखल गइल बाटे आ ई प्रजाति ओह इलाका सभ में भी खतरा से बाहर आ रहल बाटे; एकरे अलावा इन्हन के घोंसला बनावे के जगह के भी बड़ा पैमाना पर संरक्षित करे के कोसिस भइल बाटे।[15]
बिहिरी के शिकार करे खातिर बाज पोसे वाला लोग बहुत महत्व देला काहें की ई बहुत तेज आ मजबूत होले आ शिकार करे में निपुण होले। हाल में ई के पकड़ के कैद कर के भी बच्चा पैदा करावे में सफलता मिले से एह चिरई के ई इस्तेमाल बढ़ल बाटे। ई आमतौर पर छोट-बड़, लगभग हर तरह के शिकार (चिरई) के पकड़े में प्रभावी होखे ले।
नाँव
[संपादन करीं]बिहिरी, बहिरी या बहरी के रूप में एकर कई ठो उच्चारण प्रचलित बाटे जवना में हिंदी में बहरी सबसे प्रचलित बाटे। आमतौर पर ई अरबी के "बहर" शब्द से उत्पन्न मानल जाला। दूसरे अनुमान के मुताबिक़ ई संस्कृत के वि-हर्तु, वि-हारि या वि-हन्त्री (जे चिरई के मारे) से उत्पन्न हो सकेला या फिर वि-हरि (वीनां वीषु वा हरिः - पक्षी में सिंह की नियर)।[16]
हिंदी में बहरी शब्द एह चिरई खातिर आ एकरे एक ठो नजदीकी भाई-बंधु शाहीन बाज खातिर भी प्रयोग होला।[17] तुरमुती, लगर आ खेरमुतिया तीन गो प्रकार के बहरी बतावल गइल बाटे।[18]
संस्कृत में एकर अउरी दूसर नाँव शालिव आ सारिम बतावल गइल बाटे[19], वैदिक शब्द तक्ववी[20] आ क्षिप्रश्येन भी एही के होखला के अनुमान लगावल गइल बाटे। हालाँकि तक्ववी नाँव एकरे नजदीकी प्रजाति, शाहीन के भी हो सकेला।[21] एकरे अलावा एकर अउरी संभावित नाँव नीलच्छद श्येन (कल्पद्रुमकोष में) आ धूमिका (चरकसंहिता में) भी बाटे।[16]
एकर अंग्रेजी आ बिग्यानिक नाँव पेरेग्रीन (peregrine) के मतलब "बाहरी" (comes from abroad) होला। ई नाँव एकरे पुरा उत्तरी गोलार्ध में प्रवास करे के समय पकड़ल जाए के कारण पड़ल हवे, एकरा के घोंसला से ना पकड़ल जाला।[22]
बिबरण
[संपादन करीं]बिहिरी के शरीर के लंबाई 34 से 58 सेमी (13–23 इंच) आ पाँख के फइलाव 74 से 120 सेमी (29–47 इंच) होला।[5][23] नर आ मादा, दुनों के रंग-रूप plumage एक्के नियर होला, लेकिन बाकी शिकारी चिरइन नियर बिहिरी भी साइज में लैंगिक बिसमरुपी होले आ मादा के आकार नर के तुलना में 30% बड़हन होला।[24] नर के वजन 330 से 1,000 ग्रा (0.73–2.20 पाउंड) होला आ मादा के वजन 700 से 1,500 ग्रा (1.5–3.3 पाउंड) होला। ज्यादातर उपप्रजातिन में, नर के वजन 700 ग्रा (1.5 पाउंड) से कम होला आ मादा के वजन 800 ग्रा (1.8 पाउंड) से ढेर होला, नर से डेढ़ गुना वजन वाली मादा के साथ भी मिलन होखत देखल जाला।[6][25][26] बिहिरी के स्टैण्डर्ड नाप में: पाँख (wing chord) 26.5–39 सेमी (10.4–15.4 इंच), पोंछ 13–19 सेमी (5.1–7.5 इंच) आ tarsus 4.5 से 5.6 सेमी (1.8 से 2.2 इंच) के होला।[12]
उपप्रजाति
[संपादन करीं]बिहिरी Falco peregrinus के कई ठे उपप्रजाति पहिचल गइल बाड़ी, इन्हन में 1994 ले 19 गो के स्वीकृति मिल चुकल रहे आHandbook of the Birds of the World,[5][6][27] में en:Barbary falcon जवन कनारी दीप पर आ उत्तरी अफिरका के तटीय भाग में पावल जाले, के पेरेग्रीन फाल्कन Falco peregrinus, के उपप्रजाति मानल गइल बा न की अलग F. pelegrinoides के रूप में। 19 गो उपप्रजाति सभ के बिस्व के नक्शा पर बितरण नीचे दिहल जात बाटे:
- Falco peregrinus anatum,
- Falco peregrinus babylonicus,
- Falco peregrinus brookei,
- Falco peregrinus calidus,
- Falco peregrinus cassini,
- Falco peregrinus ernesti,
- Falco peregrinus furuitii,
- Falco peregrinus macropus,
- Falco peregrinus madens,
- Falco peregrinus minor,
- Falco peregrinus nesiotes,
- Falco peregrinus pealei,
- Falco peregrinus pelegrinoides,
- Falco peregrinus peregrinator, शाहीन,[28]
- Falco peregrinus peregrinus,
- Falco peregrinus radama, described by Hartlaub in 1861, is found in Madagascar and Comoros. It is non-migratory.[12]
- Falco peregrinus submelanogenys,
- Falco peregrinus tundrius
नोट
[संपादन करीं]- ↑ बहरी या बहिरी, कई ठो प्रजाति के बाज सभ के कहल जाला। एह में शाहीन भी आवेला। विद्यानिवास मिश्र (नाँव खंड देखल जाय) एकरे तीन ठो उपनाँव बतवले बाने बाकी ई मालुम नइखे कि एह में से पेरेग्रीन फाल्कन के कवन देसी नाँव बाटे।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ बर्डलाइफ इंटरनेशनल (2014). "Falco peregrinus". IUCN Red List of Threatened Species. Version 2014.3. International Union for Conservation of Nature. Retrieved 25 अप्रैल 2015.
{{cite web}}
: Invalid|ref=harv
(help)CS1 maint: uses authors parameter (link) - ↑ Chambers English-Hindi Dictionary में Falcon के अर्थ।
- ↑ The book of Indian birds (12वाँ ed.). मुंबई: Bombay Natural History Society. 1996. p. 115. Retrieved 4 जनवरी 2016.
- ↑ ज़ैदी, मेहरान (2010). Birds & Butterflies of Delhi. India Research Press. p. 85. Retrieved 4 जनवरी 2016.
- ↑ 5.0 5.1 5.2 White, C.M. (1994). "Family Falconidae". In del Hoyo, J.; Elliot, A.; Sargatal, J. (eds.). Handbook of Birds of the World: New World Vultures to Guinea fowl. Vol. 2. Barcelona: Lynx Edicions. pp. 216–275, plates 24–28. ISBN 84-87334-15-6.
- ↑ 6.0 6.1 6.2 Snow, D.W. (1998). The Complete Birds of the Western Palaearctic on CD-ROM. Oxford University Press. ISBN 0-19-268579-1.
- ↑ "All about the Peregrine falcon". U.S. Fish and Wildlife Service. 1999. Archived from the original on 16 अप्रैल 2008. Retrieved 13 August 2007.
- ↑ "Wildlife Finder – Peregrine Falcon". BBC Nature. Retrieved 18 मार्च 2010.
- ↑ Subramanian, Meera (10 December 2009). "The world's fastest animal takes New York". Smithsonian. Retrieved 8 November 2010.
- ↑ Harpole, Tom (1 मार्च 2005). "Falling with the Falcon". Smithsonian Air & Space magazine. Retrieved 4 September 2008.
- ↑ "Terminal Velocity: Skydivers chase the peregrine falcon's speed". Public Television's Wild Chronicles, from National Geographic Mission Programs. Archived from the original on 2015-09-06. Retrieved 2016-01-06.
- ↑ 12.0 12.1 12.2 Ferguson-Lees, J.; Christie, D.A. (2001). Raptors of the World. London: Christopher Helm. ISBN 0-7136-8026-1.
- ↑ Nittinger et al. 2005
- ↑ Cade, T.J. (1996). "Peregrine Falcons in Urban North America". In Bird, D.M.; Varland, D.E.; Negro, J.J. (eds.). Raptors in Human Landscapes. London: Academic Press. pp. 3–13. ISBN 0-12-100130-X.
- ↑ Cade, T.J.; Enderson, J.H.; Thelander, C.G.; White, C.M., eds. (1988). Peregrine Falcon Populations – Their management and recovery. Boise, Idaho: The Peregrine Fund. ISBN 0-9619839-0-6.
{{cite book}}
: Invalid|display-editors=4
(help) - ↑ 16.0 16.1 दवे 2005, p. 222.
- ↑ अली, सालिम (2002). बुक ऑफ इंडियन बर्ड्स (तेरहवाँ ed.). बॉम्बे नैचुरल हिस्ट्री सोसायटी. p. 111.
{{cite book}}
:|access-date=
requires|url=
(help) - ↑ मिश्र, विद्यानिवास. हिंदी की शब्द-संपदा. p. 105. Retrieved 4 जनवरी 2016.
- ↑ दवे 2005, p. 220.
- ↑ "..वने वने शिश्रिये तक्ववीरिव।"
ऋग्वेद 10.91.2 - ↑ दवे 2005, p. 223.
- ↑ "peregrine (n.)". http://www.etymonline.com/ (अंग्रेजी में). Retrieved 6 जनवरी 2016.
{{cite web}}
: External link in
(help)|website=
- ↑ Potter, M. (2002). ""Falco peregrinus" (On-line)". http://animaldiversity.ummz.umich.edu Animal Diversity Web. University of Michigan Museum of Zoology. Retrieved 21 मई 2008.
{{cite web}}
: External link in
(help)|website=
- ↑ Scholz, F. (1993). Birds of Prey. Stackpole Books. ISBN 0-8117-0242-1.
- ↑ Dunning, John B., Jr., ed. (1992). CRC Handbook of Avian Body Masses. CRC Press. ISBN 978-0-8493-4258-5.
- ↑ White, Clayton M.; Clum, Nancy J.; Cade, Tom J.; Hunt, W. Grainger (2002). Poole, A. (ed.). "Peregrine Falcon (Falco peregrinus)". The Birds of North America Online. Ithaca: Cornell Lab of Ornithology. doi:10.2173/bna.660. Retrieved 13 मई 2011.
- ↑ Vaurie 1961
- ↑ de Silva Wijeratne, Gehan; Warakagoda, Deepal; de Zylva, T.S.U. (2007). "Species description". A Photographic Guide to Birds of Sri Lanka. New Holland Publishers (UK) Ltd. pp. 37, 144. ISBN 978-1-85974-511-3.
स्रोत
[संपादन करीं]- दवे, के॰ एन॰ (2005). बर्ड्स इन संस्कृत लिट्रेचर. नई दिल्ली: मोतीलाल बनारसीदास.
{{cite book}}
: Invalid|ref=harv
(help) - Vaurie, C. (1961). "Systematic notes on Palearctic birds. No. 44, Falconidae, the genus Falco. (Part 1, Falco peregrinus and Falco pelegrinoides)". American Museum Novitates. 2035: 1–19.
{{cite journal}}
: Invalid|ref=harv
(help) - Nittinger, F.; Haring, E.; Pinsker, W.; Wink, M.; Gamauf, A. (2005). "Out of Africa? Phylogenetic relationships between Falco biarmicus and other hierofalcons (Aves Falconidae)". Journal of Zoological Systematics and Evolutionary Research. 43 (4): 321–331. doi:10.1111/j.1439-0469.2005.00326.x.
{{cite journal}}
: Invalid|ref=harv
(help)