बिहिरी

विकिपीडिया से

बिहिरी
Peregrine falcon
अपने शिकार के साथ एगो बिहिरी, नोवा स्कोशिया, कनाडा
बैज्ञानिक वर्गीकरण
किंगडम: एनिमेलिया
फाइलम: कार्डेटा
क्लास: एव्स
ऑर्डर (Order): फाल्कनीफॉर्म्स
परिवार: फाल्कनाइडी
जाति (Genus): फाल्को
प्रजाति: F. peregrinus
दूपद नाँव
Falco peregrinus
Tunstall, 1771
उपप्रजाति

17–19, लेख में देखल जाय

F. peregrinus के बैस्विक बितरण

     गर्मी में प्रजनन काल निवास     प्रजनन काल निवासी     जाड़ा में प्रवासी     आवागमन में प्रवास

अउरी दूसर नाँव

Falco atriceps ह्यूम
Falco kreyenborgi क्लेनश्मिड, 1929
Falco pelegrinoides madens रिप्ले & वाट्सन, 1963
Rhynchodon peregrinus (टनस्टाल (Tunstall), 1771)
आ अउरी खातिर पाठ देखल जाय

Falco peregrinus
Falco peregrinus madens

बिहिरी, बहिरी या बहरी[नोट 1](अंग्रेजी: Peregrine falcon, पेरेग्रीन फाल्कन; बैज्ञानिक नाँव:Falco peregrinus) चिरइन के बाज परिवार के चिरई बा।[2][3][4] ई एक ठो शिकारी चिरई हवे। बड़हन कउआ के आकार के ई बाज, निलछाहूँ-स्लेटी रंग के पीठ आ सफेद धारीदार पेट वाला, काला मूंडी वाला आ मोंछदार होला। खास चिरइन के शिकार करे वाली अउरी अपने नियर शिकारी पक्षिन के तरे इहो चिरई लैंगिक बिसम रुपी होले आ मादा के आकर नर के आकार से पर्याप्त बड़हन होला।[5][6] बिहिरी के एकरे तेजी खातिर जानल जाला, काहें की अपने शिकार के झपट के पकड़े खातिर गोता लगावत घरी एकर स्पीड 322 किमी/घं (200 मील/घं) से ढेर होला[7], इहे बिसेसता एकरा के धरती के सभसे तेज जानवर बना देले।[8][9] नेशनल ज्योग्राफिक के टीवी प्रोग्राम के अनुसार अबले बिहिरी के सभसे तेज गति 389 किमी/घं (242 मील/घं) नापल जा चुकल बाटे।[10][11]

बिहिरी के प्रजनन क्षेत्र आर्कटिक टुंड्रा से ले के उष्णकटिबंधीय क्षेत्र तक बिस्तार लिहले बाटे। खाली ध्रुवीय प्रदेश आ बहुत ऊँच पहाड़ी इलाका के आ उष्णकटिबंधीय वर्षावन के छोड़ के, ई धरती पर लगभग हर जगह पावल जाले। बर्फ़ से तोपाइल न रहे वाला जमीनी हिस्सा में खाली न्यूजीलैंड अइसन जगह बा जहाँ ई ना पावल जाले। ई बिसेसता के कारण ई दुनिया के सभसे ढेर बिस्तार क्षेत्र वाली शिकारी चिरई भी बाटे[12] आ दुनिया के सभसे ढेर पावल जाए वाली चिरई सभ में से गिनल जाले। एक्सपर्ट लो एह चिरई के 19 से 19 गो ले उपप्रजातिन के पहिचान करे ला जवन क्षेत्र आ रंग रूप के अंतर के आधार पर अलगावल जालीं; इहो बिबाद के बिसय बा की Barbary falcon के दू गो उपप्रजाति Falco peregrinus के नाँव से आ F. pelegrinoides. कहल जाला अलग बाड़ी की नाहीं। ई निर्धारित कइल गइल बा की इनहन में जेनेटिक बिसमता मात्र 0.6–0.8 % होले।[13]

एकरे भोजन में आमतौर पर माझिल आकार के चिरई होलीं बाकी ई कबो-कबो छोट मैमल, छोट रेंगे वाला जंतु आ किरौना भी खा लेला। साल भर की उमिर में ई बच्चा पैदा करे लायक वयस्कता पा जाला आ ओकरे बाद जीवन भर प्रजनन करे ला। ई सामान्य रूप से scrape में रहे ला, जवन ऊँच क्लिफ़ के किनारा पर होला या फिर नया ज़माना में मनुष्य के बनावल ऊँच बिल्डिंग में भी हो सकेला।[14] कुछ इलाका सभ में ई चिरई खतरा में आ गइल रहे जहाँ कीटनाशक के बहुत इस्तेमाल होखे, खासतौर पर डीडटी के। सत्तर के दश में डीडीटी पर प्रतिबंध लगले के बाद से एकरे संख्या में बढ़ती देखल गइल बाटे आ ई प्रजाति ओह इलाका सभ में भी खतरा से बाहर आ रहल बाटे; एकरे अलावा इन्हन के घोंसला बनावे के जगह के भी बड़ा पैमाना पर संरक्षित करे के कोसिस भइल बाटे।[15]

बिहिरी के शिकार करे खातिर बाज पोसे वाला लोग बहुत महत्व देला काहें की ई बहुत तेज आ मजबूत होले आ शिकार करे में निपुण होले। हाल में ई के पकड़ के कैद कर के भी बच्चा पैदा करावे में सफलता मिले से एह चिरई के ई इस्तेमाल बढ़ल बाटे। ई आमतौर पर छोट-बड़, लगभग हर तरह के शिकार (चिरई) के पकड़े में प्रभावी होखे ले।

नाँव[संपादन करीं]

बिहिरी, बहिरी या बहरी के रूप में एकर कई ठो उच्चारण प्रचलित बाटे जवना में हिंदी में बहरी सबसे प्रचलित बाटे। आमतौर पर ई अरबी के "बहर" शब्द से उत्पन्न मानल जाला। दूसरे अनुमान के मुताबिक़ ई संस्कृत के वि-हर्तु, वि-हारि या वि-हन्त्री (जे चिरई के मारे) से उत्पन्न हो सकेला या फिर वि-हरि (वीनां वीषु वा हरिः - पक्षी में सिंह की नियर)।[16]

हिंदी में बहरी शब्द एह चिरई खातिर आ एकरे एक ठो नजदीकी भाई-बंधु शाहीन बाज खातिर भी प्रयोग होला।[17] तुरमुती, लगर आ खेरमुतिया तीन गो प्रकार के बहरी बतावल गइल बाटे।[18]

संस्कृत में एकर अउरी दूसर नाँव शालिवसारिम बतावल गइल बाटे[19], वैदिक शब्द तक्ववी[20]क्षिप्रश्येन भी एही के होखला के अनुमान लगावल गइल बाटे। हालाँकि तक्ववी नाँव एकरे नजदीकी प्रजाति, शाहीन के भी हो सकेला।[21] एकरे अलावा एकर अउरी संभावित नाँव नीलच्छद श्येन (कल्पद्रुमकोष में) आ धूमिका (चरकसंहिता में) भी बाटे।[16]

एकर अंग्रेजी आ बिग्यानिक नाँव पेरेग्रीन (peregrine) के मतलब "बाहरी" (comes from abroad) होला। ई नाँव एकरे पुरा उत्तरी गोलार्ध में प्रवास करे के समय पकड़ल जाए के कारण पड़ल हवे, एकरा के घोंसला से ना पकड़ल जाला।[22]

बिबरण[संपादन करीं]

बिहिरी के मूंडी देखावत फोटो

बिहिरी के शरीर के लंबाई 34 से 58 सेमी (13–23 इंच) आ पाँख के फइलाव 74 से 120 सेमी (29–47 इंच) होला।[5][23] नर आ मादा, दुनों के रंग-रूप plumage एक्के नियर होला, लेकिन बाकी शिकारी चिरइन नियर बिहिरी भी साइज में लैंगिक बिसमरुपी होले आ मादा के आकार नर के तुलना में 30% बड़हन होला।[24] नर के वजन 330 से 1,000 ग्रा (0.73–2.20 पाउंड) होला आ मादा के वजन 700 से 1,500 ग्रा (1.5–3.3 पाउंड) होला। ज्यादातर उपप्रजातिन में, नर के वजन 700 ग्रा (1.5 पाउंड) से कम होला आ मादा के वजन 800 ग्रा (1.8 पाउंड) से ढेर होला, नर से डेढ़ गुना वजन वाली मादा के साथ भी मिलन होखत देखल जाला।[6][25][26] बिहिरी के स्टैण्डर्ड नाप में: पाँख (wing chord) 26.5–39 सेमी (10.4–15.4 इंच), पोंछ 13–19 सेमी (5.1–7.5 इंच) आ tarsus 4.5 से 5.6 सेमी (1.8 से 2.2 इंच) के होला।[12]

उपप्रजाति[संपादन करीं]

बिहिरी Falco peregrinus के कई ठे उपप्रजाति पहिचल गइल बाड़ी, इन्हन में 1994 ले 19 गो के स्वीकृति मिल चुकल रहे आHandbook of the Birds of the World,[5][6][27] में en:Barbary falcon जवन कनारी दीप पर आ उत्तरी अफिरका के तटीय भाग में पावल जाले, के पेरेग्रीन फाल्कन Falco peregrinus, के उपप्रजाति मानल गइल बा न की अलग F. pelegrinoides के रूप में। 19 गो उपप्रजाति सभ के बिस्व के नक्शा पर बितरण नीचे दिहल जात बाटे:

A map of the world, green shows on several continents, but there are also several big bare spots marked with E for extinct.
Breeding ranges of the subspecies
  • Falco peregrinus anatum,
Painting of F. p. babylonicus by John Gould
  • Falco peregrinus babylonicus,

  • Falco peregrinus brookei,
  • Falco peregrinus calidus,
  • Falco peregrinus cassini,
  • Falco peregrinus ernesti,
  • Falco peregrinus furuitii,
  • Falco peregrinus macropus,
  • Falco peregrinus madens,
  • Falco peregrinus minor,
  • Falco peregrinus nesiotes,
  • Falco peregrinus pealei,
  • Falco peregrinus pelegrinoides,
  • Falco peregrinus peregrinator, शाहीन,[28]
  • Falco peregrinus peregrinus,
  • Falco peregrinus radama, described by Hartlaub in 1861, is found in Madagascar and Comoros. It is non-migratory.[12]
  • Falco peregrinus submelanogenys,
  • Falco peregrinus tundrius

नोट[संपादन करीं]

  1. बहरी या बहिरी, कई ठो प्रजाति के बाज सभ के कहल जाला। एह में शाहीन भी आवेला। विद्यानिवास मिश्र (नाँव खंड देखल जाय) एकरे तीन ठो उपनाँव बतवले बाने बाकी ई मालुम नइखे कि एह में से पेरेग्रीन फाल्कन के कवन देसी नाँव बाटे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. बर्डलाइफ इंटरनेशनल (2014). "Falco peregrinus". IUCN Red List of Threatened Species. Version 2014.3. International Union for Conservation of Nature. Retrieved 25 अप्रैल 2015. {{cite web}}: Invalid |ref=harv (help)CS1 maint: uses authors parameter (link)
  2. Chambers English-Hindi Dictionary में Falcon के अर्थ।
  3. The book of Indian birds (12वाँ ed.). मुंबई: Bombay Natural History Society. 1996. p. 115. Retrieved 4 जनवरी 2016.
  4. ज़ैदी, मेहरान (2010). Birds & Butterflies of Delhi. India Research Press. p. 85. Retrieved 4 जनवरी 2016.
  5. 5.0 5.1 5.2 White, C.M. (1994). "Family Falconidae". In del Hoyo, J.; Elliot, A.; Sargatal, J. (eds.). Handbook of Birds of the World: New World Vultures to Guinea fowl. Vol. 2. Barcelona: Lynx Edicions. pp. 216–275, plates 24–28. ISBN 84-87334-15-6.
  6. 6.0 6.1 6.2 Snow, D.W. (1998). The Complete Birds of the Western Palaearctic on CD-ROM. Oxford University Press. ISBN 0-19-268579-1.
  7. "All about the Peregrine falcon". U.S. Fish and Wildlife Service. 1999. Archived from the original on 16 अप्रैल 2008. Retrieved 13 August 2007.
  8. "Wildlife Finder – Peregrine Falcon". BBC Nature. Retrieved 18 मार्च 2010.
  9. Subramanian, Meera (10 December 2009). "The world's fastest animal takes New York". Smithsonian. Retrieved 8 November 2010.
  10. Harpole, Tom (1 मार्च 2005). "Falling with the Falcon". Smithsonian Air & Space magazine. Retrieved 4 September 2008.
  11. "Terminal Velocity: Skydivers chase the peregrine falcon's speed". Public Television's Wild Chronicles, from National Geographic Mission Programs. Archived from the original on 2015-09-06. Retrieved 2016-01-06.
  12. 12.0 12.1 12.2 Ferguson-Lees, J.; Christie, D.A. (2001). Raptors of the World. London: Christopher Helm. ISBN 0-7136-8026-1.
  13. Nittinger et al. 2005
  14. Cade, T.J. (1996). "Peregrine Falcons in Urban North America". In Bird, D.M.; Varland, D.E.; Negro, J.J. (eds.). Raptors in Human Landscapes. London: Academic Press. pp. 3–13. ISBN 0-12-100130-X.
  15. Cade, T.J.; Enderson, J.H.; Thelander, C.G.; White, C.M., eds. (1988). Peregrine Falcon Populations – Their management and recovery. Boise, Idaho: The Peregrine Fund. ISBN 0-9619839-0-6. {{cite book}}: Invalid |display-editors=4 (help)
  16. 16.0 16.1 दवे 2005, p. 222.
  17. अली, सालिम (2002). बुक ऑफ इंडियन बर्ड्स (तेरहवाँ ed.). बॉम्बे नैचुरल हिस्ट्री सोसायटी. p. 111. {{cite book}}: |access-date= requires |url= (help)
  18. मिश्र, विद्यानिवास. हिंदी की शब्द-संपदा. p. 105. Retrieved 4 जनवरी 2016.
  19. दवे 2005, p. 220.
  20. "..वने वने शिश्रिये तक्ववीरिव।"
    ऋग्वेद 10.91.2
  21. दवे 2005, p. 223.
  22. "peregrine (n.)". http://www.etymonline.com/ (अंग्रेजी में). Retrieved 6 जनवरी 2016. {{cite web}}: External link in |website= (help)
  23. Potter, M. (2002). ""Falco peregrinus" (On-line)". http://animaldiversity.ummz.umich.edu Animal Diversity Web. University of Michigan Museum of Zoology. Retrieved 21 मई 2008. {{cite web}}: External link in |website= (help)
  24. Scholz, F. (1993). Birds of Prey. Stackpole Books. ISBN 0-8117-0242-1.
  25. Dunning, John B., Jr., ed. (1992). CRC Handbook of Avian Body Masses. CRC Press. ISBN 978-0-8493-4258-5.
  26. White, Clayton M.; Clum, Nancy J.; Cade, Tom J.; Hunt, W. Grainger (2002). Poole, A. (ed.). "Peregrine Falcon (Falco peregrinus)". The Birds of North America Online. Ithaca: Cornell Lab of Ornithology. doi:10.2173/bna.660. Retrieved 13 मई 2011.
  27. Vaurie 1961
  28. de Silva Wijeratne, Gehan; Warakagoda, Deepal; de Zylva, T.S.U. (2007). "Species description". A Photographic Guide to Birds of Sri Lanka. New Holland Publishers (UK) Ltd. pp. 37, 144. ISBN 978-1-85974-511-3.

स्रोत[संपादन करीं]