Jump to content

नाथबाबा मंदिर

विकिपीडिया से
नाथ बाबा मंदिर
बेसिक जानकारी
धर्म/मतहिंदू धर्म
देवताश्री नाथ बाबा
तिहुआरलाठी पूजा
मुयुनिसिपैलिटीरसड़ा
Districtबलियाँ जिला
राज्यउत्तर प्रदेश
देसभारत
बिसेस लच्छन
समारक सभ1
मठ सभ1

नाथबाबा कऽ मंदिर उत्तर प्रदेश के बलियाँ जिला के रसड़ा में एगो नाथ बाबा के मंदिर बा। मंदिर से सटले एगो बहुत सुघर पोखरा बा जवना के "नाथबाबा कऽ पोखरा" कहल जाला। इ नाथ बाबा लखनेसर सामंती रियासत के सेनापति रहलन, जिनका नेतृत्व में लखनेसर सामंती रियासत के सेंगर लोग अवध के नवाब का साथ मिलकर काशी राज्य पर हमला कैले रहे लोग। इ हमला का जवाब में काशी नरेश महाराजा बलवंत सिंह एगो विशाल सेना लेकर सन् 1741 ईस्वी में लखनेसर सामंती रियासत पर हमला क देहलन जेमे हजारों सेंगर राजपूत लोग मारा गैल। इ सभी नाथ बाबा लोग सेंगर राजपूत सैनिक रहे जे काशी राज्य पर हमला कैले रहे आउर बाद में काशी नरेश महाराजा बलवंत सिंह के हमला में मारा गैल लोग। इस लोग के पत्नी लोग भी सती हो गैल। बाद में काशी नरेश महाराजा बलवंत सिंह दया करके इ सैनिक लोग का सम्मान एजा नाथ बाबा मंदिर आउर तालाब के निर्माण करवैलन। काशी नरेश महाराजा बलवंत सिंह रसड़ा के विकास काशी/ बनारस जैसन करवा दहलन एही से रसड़ा के छोटी काशी कहल जाला।[1]

मंदिर के निर्माण सेंगर बिरादरी के राजपूत लोगन के पूर्वज आ एगो संत श्रीनाथ बाबा के आदर में भइल हवे। [2] बलियाँ जिला के ई इलाका पहिले, मुगल काल में, लखनेसर डीह नाँव के परगना में रहल आ इहाँ सेंगर राजपूत लोगन के बहुतायत रहल।[3] सेंगर बिरादरी के राजपूत लोग खाती आजो ई मंदिर खास हवे।

रसड़ा के लगहीं नागपुर गाँवों में नाथ जी के भव्य मंदिर अउर पोखरा आ पार्क बा। ओइसे नाथ बाबा के मंदिर पाँच जगह पर बा: रसड़ा, नागपुर, नगपुरा, महाराजपुर आ कंसो पटना।

मंदिर के मुख्य पूजा हर तिसरहा साल होखे ला जब नाथ बाबा के एगो बिसेस किसिम के पकवान "रोट" चढ़ावल जाला। एह पूजा के मोका पर लाठी के पूजा होला आ लोग लाठी से लड़ाई के दाँव-पेच के पर्दर्शन करे ला। एह तरीका के पूजा साइदे कहीं अउरी होखत होखे। एही पूजा के दौरान, यूपी में एक ऐसा धाम जहां होती है लाठी पूजा देखें वीडियो|url=https://www.patrika.com/ballia-news/lathi-pooja-in-ballia-1378727/%7Caccessdate=27 सितंबर 2019|work=www.patrika.com|language=hi}}</ref> एकरे अलावा इहाँ हर साल भव्य रामलीला होखेले आ दशहरा क मेला लागेला।

  1. अधिकारी Adhikari, बालाकृष्ण Balakrishna (2019-12-20). "नेपाली साहित्यको संक्षिप्त इतिहास मा इतिहास चेतनायुक्त विचारधारा Nepali Sahityako Samkshipta Itihasma Itihas Chetanayukta Bichardhara". Tribhuvan University Journal. 33 (2): 203–222. doi:10.3126/tuj.v33i2.33648. ISSN 2091-0916.
  2. M. Kasturi; Malavika Kasturi (2002). Embattled Identities: Rajput Lineages and the Colonial State in Nineteenth-century North India. Oxford University Press. p. 94. ISBN 978-0-19-565787-6.
  3. Uttar Pradesh (India) (1986). Uttar Pradesh District Gazetteers. Government of Uttar Pradesh. p. 240.