नाथबाबा मंदिर

विकिपीडिया से
नाथ बाबा मंदिर
बेसिक जानकारी
धर्म/मतहिंदू धर्म
देवताश्री नाथ बाबा
तिहुआरलाठी पूजा
मुयुनिसिपैलिटीरसड़ा
Districtबलियाँ जिला
राज्यउत्तर प्रदेश
देसभारत
बिसेस लच्छन
समारक सभ1
मठ सभ1

नाथबाबा कऽ मंदिर उत्तर प्रदेश के बलियाँ जिला के रसड़ा में एगो नाथ बाबा के मंदिर बा। मंदिर से सटले एगो बहुत सुघर पोखरा बा जवना के "नाथबाबा कऽ पोखरा" कहल जाला।

मंदिर के निर्माण सेंगर बिरादरी के राजपूत लोगन के पूर्वज आ एगो संत श्रीनाथ बाबा के आदर में भइल हवे। [1] बलियाँ जिला के ई इलाका पहिले, मुगल काल में, लखनेसर डीह नाँव के परगना में रहल आ इहाँ सेंगर राजपूत लोगन के बहुतायत रहल।[2] सेंगर बिरादरी के राजपूत लोग खाती आजो ई मंदिर खास हवे।

रसड़ा के लगहीं नागपुर गाँवों में नाथ जी के भव्य मंदिर अउर पोखरा आ पार्क बा। ओइसे नाथ बाबा के मंदिर पाँच जगह पर बा: रसड़ा, नागपुर, नगपुरा, महाराजपुर आ कंसो पटना।

मंदिर के मुख्य पूजा हर तिसरहा साल होखे ला जब नाथ बाबा के एगो बिसेस किसिम के पकवान "रोट" चढ़ावल जाला। एह पूजा के मोका पर लाठी के पूजा होला आ लोग लाठी से लड़ाई के दाँव-पेच के पर्दर्शन करे ला। एह तरीका के पूजा साइदे कहीं अउरी होखत होखे। एही पूजा के दौरान, मंदिर से थोरिके दूर पर मौजूद मुसलमान संत बाबा रोशन शाह के दरगाह पर चादरो चढ़ावल जाला।[3] एकरे अलावा इहाँ हर साल भव्य रामलीला होखेले आ दशहरा क मेला लागेला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. M. Kasturi; Malavika Kasturi (2002). Embattled Identities: Rajput Lineages and the Colonial State in Nineteenth-century North India. Oxford University Press. p. 94. ISBN 978-0-19-565787-6.
  2. Uttar Pradesh (India) (1986). Uttar Pradesh District Gazetteers. Government of Uttar Pradesh. p. 240.
  3. "यूपी में एक ऐसा धाम जहां होती है लाठी पूजा देखें वीडियो". www.patrika.com (हिंदी में). Retrieved 27 सितंबर 2019.