तिब्बत
निर्देशांक: 31°12′N 88°48′E / 31.2°N 88.8°E
तिब्बती निर्वासित लोग के दावेदारी: "बिसाल तिब्बत" क्षेत्र | |||||||||
चीन के ऑटोनॉमस प्रशासनिक खंड | |||||||||
तिब्बत खुदमुख्तार इलाका, चीन के अंदर | |||||||||
चीनी अधिकार में, भारत के दावेदारी | |||||||||
भारत के अधिकार में, चीन के दावेदारी | |||||||||
तिब्बती संस्कृति के परभाव वाला अन्य इलाका |
तिब्बत एशिया महादीप में एगो क्षेत्र बा। वर्तमान में ई चीन देस के खुदमुखतार इलाका (ऑटोनॉमस रीज़न) के रूप में बा। ई चीन के पच्छिमी-दक्खिनी हिस्सा में बा आ भारत, नेपाल आ भूटान देसन के उत्तरी सीमा एही के साथ बने ले। 24 लाख वर्ग किलोमीटर के क्षेत्र बिस्तार वाला ई इलाका चीन के कुल रकबा के लगभग चउथाई हिस्सा हवे। तिब्बत के अधिकतर इलाका पठारी आ पहाड़ी बाटे। तिब्बत के पठार के एकरे ऊँचाई के कारन संसार के छत कहल जाला। एकर औसत ऊंचाई 4900 मीटर बाटे आ संसार के सभसे ऊँच परबत चोटी, हिमालय के माउंट एवरेस्ट, तिब्बत आ नेपाल के बीच बा।
तिब्बती लोगन के ई मूल निवास क्षेत्र हवे आ अउरी कई गो जाति के लोगन के भी मूल अस्थान हवे जइसे कि मोनपा लोग, जियांग लोग आ ल्होबा लोग एही जगह के मूल निवासी हवे। हाल के दसक में चीनी हान लोग आ हुई लोग भी चीन द्वारा बसावल गइल बा। इहाँ के मुख्य धरम तिब्बती बौद्ध धरम हवे, एकरे अलावा तिब्बती मुसलमान आ कुछ ईसाई लोग भी अल्पसंख्यक के रूप में निवास करे ला।
तिब्बत के संस्कृति आ कला, संगीत आ आर्किटेक्चर पर तिब्बती बौद्ध धरम के ब्यापक आ पोढ़ परभाव देखे के मिले ला। एकरे अलावा चीनी आ भारतीय परभाव भी चिन्हित कइल जा सके ला। इहाँ के अर्थब्यवस्था मुख्य रूप से जीवन निर्वाह खातिर खेतीकिसानी आ पशुपालन वाली बा। मुख्य उपज में जौ, याक के माँस आ तिब्बती चाय बाटे। कई तरह के पहाड़ी जड़ी-बूटी आ उन भी इहाँ से बाहर बेचल जाला। परंपरागत रूप से हिमालय परबत के दर्रा सभ से हो के कई गो रस्ता द्वारा भारत आ तिब्बत के बीच ब्यापार होत रहल बा जे अब भारत आ चीन के बीच के तनाव के चलते बहुत खराब स्थिति में पहुँच गइल बा।
तिब्बत के धार्मिक नेता आ मुखिया, दलाई लामा आजकाल्ह भारत में निर्वासित (इलाका बदर) शरणार्थी के रूप में रहे लें आ तिब्बत के ढेर सारा लोग भी।
ई एशिया के अस्थान या भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |