तराई आर्क लैंडस्केप
तराई आर्क लैंडस्केप (अंग्रेजी: Terai Arc Landscape) (संछेप में TAL भा टीएएल) हिमालय के तराई इलाका में भारतीय आ नेपाली क्षेत्र में 14 गो संरक्षित (प्रोटेक्टेड एरिया) सभ के समूह हवे।[1][3] एह 14 गो ट्रांस-बार्डर प्रोटेक्टेड एरिया सभ के कुल रकबा लगभग 12.3 मिलियन एकड़ (5 मिलियन हेक्टेयर) बाटे आ ई पच्छिम में यमुना नदी के तीरे से ले के पूरुब में बागमती नदी के तीरे ले 810 किलोमीटर लमहर बिस्तार लिहले एरिया में बाड़ें।[4][1]
टीएएल कई किसिम के मैमल सभ के आवास हवे जेह में बंगाल टाइगर सामिल बाटे (जेकर एहिजे दुनियाँ में सभसे बेसी घनत्व पावल जाला),[1][3] भारतीय गैंडा, एशियाई हाथी, गौर, हिस्पिड हेयर (एगो खरगोस) स्लौथ भालू, दखिन एशियाई नदी सूंस, आ चीतल सामिल बाड़ें। एकरे अलावा करीबन 500 प्रजाति के चिरई पावल जालीं जिनहन में कई गो खतरा में घोषित प्रजाति बाड़ीं। एह में बंगाल फ्लोरिकन, सारस क्रेन आ करिया स्टोर्क सामिल बाड़ें।[5]
टीएएल के नदी आ आर्द्रभूमि सभ समृद्ध आ बिबिध पारिस्थितिकी तंत्र हवें जे कई ठे स्थानिक प्रजाति सभ के सपोर्ट करे लीं जिनहन में चिरई आ स्तनधारी सभ के अलावा मछरी, उभयचर आ मीठा पानी के क्रस्टेशियन सभ के बिसाल रेंज के सामिल बाड़ीं।[5]
प्रोटेक्टेड एरिया
[संपादन करीं]तराई आर्क लैंडस्केप में नीचे दिहल 14 गो प्रोटेक्टेड एरिया सामिल बाड़ें:[1]
- पर्सा नेशनल पार्क, नेपाल
- चितवन नेशनल पार्क, नेपाल
- बाँके नेशनल पार्क, नेपाल
- बर्दिया नेशनल पार्क, नेपाल
- ब्लैकबक कंजर्वेशन एरिया, नेपाल
- शुक्लाफाँट नेशनल पार्क, नेपाल
- वाल्मीकि नेशनल पार्क, भारत
- सुहेलवा वाइल्डलाइफ सैंक्चुअरी, भारत
- कतरनियाघाट वाइल्डलाइफ सैंक्चुअरी, भारत
- दुधवा नेशनल पार्क, भारत
- किशनपुर वाइल्डलाइफ सैंक्चुअरी, भारत
- कॉर्बेट नेशनल पार्क, भारत
- राजाजी नेशनल पार्क, भारत
- पीलीभीत टाइगर रिजर्व, भारत
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ 1.0 1.1 1.2 1.3 1.4 "The Terai Arc Landscape Bengal Tigers in the Himalayas' Shadow" (PDF). missouri.edu. Archived from the original (PDF) on 16 March 2014. Retrieved 23 February 2013.
- ↑ "TAL - Challenges and interventions". wwfindia.org. Retrieved 24 February 2013.
- ↑ 3.0 3.1 "Terai Arc Landscape". WWF India. Retrieved 23 February 2013.
- ↑ "About Terai Arc Landscape". wwfindia.org (अंग्रेजी में).
- ↑ 5.0 5.1 "Terai Arc Landscape (TAL)". Government of Nepal - Department of National Parks and Wildlife Conservation. Archived from the original on 2 November 2012. Retrieved 23 February 2013.