हल्दी नदी
हल्दी नदी | |
देस | भारत |
---|---|
राज्य | पच्छिम बंगाल |
लैंडमार्क | हल्दिया |
उदगम | कंसई आ केलेघई |
- लोकेशन | तंगराखाली |
लंबाई | 24 किमी (15 मील) |
हल्दी नदी चाहे हलदी नदी भारतीय राज्य पच्छिम बंगाल के पूर्ब मेदिनीपुर जिला से हो के बहे वाली एगो नदी हवे जे हुगली नदी के सहायिका हऽ। केलेघई आ कंसई नदी तामलुक डिवीजन के महिसादल पुलिस इस्टेशन के इलाका में आवे वाला तंगराखाली नाँव के जगह पर मिले लीं आ एह संगम के बाद एह धारा के नाव हल्दी नदी हो जाला। एह नदी के कुल लंबाई 24 किलोमीटर (15 मील) बाटे।[1] हुगली के समुंद्र में गिरे से पहिले एह में मिले वाली नदी सभ में ई अंतिम प्रमुख नदी हवे। एही हल्दी आ हुगली नदी के संगम पर औद्योगिक आ बंदरगाह नगर हल्दिया बसल बा।
एगो अध्ययन में, हल्दिया में एह दुनों नदी के गाद (सेडीमेंट) के नमूना लिहल गइल जे काई कलर के ओर झुकल सलेटी (ऑलिव ग्रे) पावल गइल आ पीएच (pH) 7.98 से 8.09 के बीचा में मिलल, मने की एल्कलाइन परकार के रहल।[2]
इहो देखल जाय[संपादन]
संदर्भ[संपादन]
- ↑ "Rivers of Medinipur district – Haldi". पहुँचतिथी 2009-10-06.
- ↑ Aariz Aftab (2005). Are the Third World Cities Sustainable. Allied Publishers. पप. 165–. ISBN 978-81-7764-869-0.
निर्देशांक: 22°02′N 88°04′E / 22.03°N 88.06°E
![]() | ई लेख कौनो नदी के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
![]() | ई भारत के कौनों अस्थान भा भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |