Jump to content

स्टेप

विकिपीडिया से
(स्टेपी से अनुप्रेषित)
बिश्व के नक्शा पर देखावल स्टेप क्षेत्र
दू किसिम के स्टेप्स के बिस्व के नक्शा पर लोकेशन।
खुला घास के मैदान में घोड़ा पर सवार
मंगोलियाई स्टेप के एगो सीन
Eurasian steppe belt (turquoise)
यूरेशियाई स्टेप बेल्ट (फिरोजी रंग से)

भौतिक भूगोल में स्टेप (steppe /stɛp/), बहुवचन में स्टेप्स) चाहे स्टेपी[नोट 1], एक किसिम के इकोप्रदेश चाहे इकोजोन होलें जेह इलाका में घास के मैदान पावल जालें जबकि नद्दी आ झील-तलाब के अलावा अउरी कहीं एह इलाका सब में बड़हन फेड़ ना मिले लें। अइसन क्षेत्र सभ के इकोलॉजीजीवभूगोल में स्टेप बायोम कहल जाला आ जलवायु बिज्ञान में अइसन किसिम के जलवायु के स्टेप जलवायु कहल जाला।

स्टेप बायोम में दू किसिम के घास के मैदान सामिल हो सके लें: पहाड़ी (मोंटेन) घासमैदान आ झाड़ीदार इलाका, आ समशीतोष्णकटिबंधी (टेम्परेट) घासमैदान, सवाना आ झाड़ीदार इलाका। कौनों स्टेप इलाका अधसूखा (सेमी-एरिड) घास वाला हो सके ला, झाड़ीदार बनस्पति वाला हो सके ला चाहे दुनों किसिम के हो सके ला आ ई सीजनअक्षांसी स्थिति पर निर्भर करे ला। स्टेप जलवायु अइसन इलाका सभ के जलवायु के प्रकार हवे जहाँ अतना बरखा ना होखे ला कि बड़हन पेड़ आ जंगल उपज सकें बाकी एतना पानी हो जाला कि घास आ झांग-झाड़ी वाली बनस्पति पैदा हो सके। साधारण तौर पर स्टेप वाला इलाका सभ में चर्नोजम किसिम के माटी मिले ले।

स्टेप जलवायु के सेमी-एरिड (अध-सूखा चाहे कुछ-रेगिस्तानी) प्रकार में रखल जाला। तापमान के अतिमान गर्मी के सीजन में 45 °C (115 °F) तक ले चहुँप सके ला आ जाड़ में ई −55 °C (−65 °F) तक ले नीचे गिर सके ला। एह सीजनल भारी अंतर के अलावे दिन आ रात के तापमानो में बहुते अंतर पावल जाला। यूरेशिया में मंगोलिया, आ उत्तर अमेरिका में नेवादा नियर इलाका सभ एकर उदाहरण बाने जहाँ तिजहरिया में तापमान 30°C हो सके ला आ रात में ठंढा होखे के पर तापमान जमा देवे वाला हो सके ला।

बिचला-अक्षांस (मिड-लैटिट्यूड) वाला स्टेप्स सभ में खूब गरम गरमी के सीजन होला आ जाड़ा के सीजन में खूब बेसी ठंढा पड़े ला; सालाना बरखा 250–510 मिमी (10–20 इंच) होखे ले।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. हिंदी के किताबन में बहुधा एकरा के देवनागरी लिखाई में स्टेपी आ स्तेपीज़ लिखल जाला।

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]
  • "The Steppes". barramedasoft.com.ar. 1998–2008. Archived from the original on 2019-05-29. Retrieved 2008-04-04.