Jump to content

सोशल मीडिया

विकिपीडिया से
केहू के हाथ में मोबाइल फोन, पाछे बिल्डिंग, सडक आ घास देखात बा
मोबाइल पर फेसबुक पन्ना

सोशल मीडिया (अंग्रेजी: social meddia) आजकाल्ह के इलेक्ट्रानिक जुग में वेबइंटरनेट आधारित माध्यम (मीडिया) बाटे जेकरा इस्तेमाल करे वाला लोग आपन बात-बिचार आपस में साझा क सकत बा।[1] कई ठो सोशल नेटवर्किंग साइट आ सर्विस अउरी माइक्रोब्लागिंग वेबसाइट सभ ई सुबिधा देत बाड़ी कि प्रयोगकर्ता आपन खुद के कंटेंट (छोट ब्लॉग, टिप्पणी, फोटो, एनीमेशन, बीडियो वगैरह सामग्री) के इंटरनेट आधारित समुदाय (वर्चुअल कम्युनिटी) में साझा क सकत बा।[2] एही तरे दुसरे लोगन के कंटेंट पर टिप्पणी भा राय जाहिर क सकत बा, दुबारा साझा क सकत बा या फिर खराब कंटेंट के रिपोर्ट क सकत बा।

आजकाल्ह के कुछ प्रमुख सोशल नेटवर्किंग सर्विस सभ में फेसबुक, वाट्सएप, ट्विटर, यूट्यूब, मैसेंजर, वाइबर, टंबलर, लिंक्डइन, वीचैट वगैरह बाने।

सोशल मीडिया, सामन्य मीडिया से कई रूप में अलग भी बा। तेजी भा तात्कालिकता, कंटेंट के गुणवत्ता (क्वालिटी), पहुँच, बहुलता (कई स्रोत, कई उपभोक्ता) वगैरह कई बिंदु गिनावल जा सके लें जिनहन के आधार पर सामान्य मीडिया (जइसे अखबार, टीवी, रेडियो) से ई मीडिया अलग बा।

सोशल मीडिया के अच्छा आ खराब दुनों तरह के परभाव भी लोगन द्वारा अखियान कइल जा रहल बा।[3] साइबरबकैती, ट्रोलिंग आ ऑनलाइन हरासमेंट वगैरह के मामिला सोझा आइल बाने आ डिप्रेसन आ कुछ अन्य मनोबैज्ञानिक समस्या[4][5] में बढ़ती के कारण के रूप में भी सोशल मीडिया के भूमिका होखे के दावा कइल जा रहल बा। लाभ के चीज में, लोगन के आपन राय जाहिर करे, दूसरा लोग के राय जाने, बिबिध स्रोत से उपलब्ध जानकारी के तुलना करे वगैरह के अवसर में भारी बढ़ती भइल बा।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. "Social Media | Definition of Social Media by Merriam-Webster". Merriam-webster.com. Retrieved 2017-06-25.
  2. "Social Media Overview - Communications". Communications.tufts.edu. Retrieved 2017-06-25.
  3. Čeština (2015-10-31). "Positive and Negative Effects of Social Media on Society". LinkedIn. Retrieved 2017-06-25.
  4. Minamitani, Kenta (20 मई 2024). "Social Media Addiction and Mental Health: The Growing Concern for Youth Well-Being". Stanford Law School (अंग्रेजी में). Retrieved 2 April 2026.
  5. "Social media's impact on our mental health and tips to use it safely | Cultivating Health". cultivating-health (अंग्रेजी में).