लिंक्डइन

विकिपीडिया से
लिंक्डइन
स्थापितदिसंबर 28, 2002; 21 साल पहिले (2002-12-28)
माउंटेन व्यू, कैलिफोर्निया, अमेरिका
मुख्यालयसनीविले, कैलिफोर्निया, अमेरिका
सर्विस के इलाकादुनियाभर
संस्थापकरीड होफ़मैन
एलेन ब्लू
के गुएरिके
एरिक ली
जीन-लुक विलियेंट
इंडस्ट्रीइंटरनेट
आगमIncrease US$3 बिलियन (2015)[1]
नेट आय US$−166 मिलियन (2015)[1]
मूल कंपनीमाइक्रोसाफ्ट कार्पोरेशन
वेबसाइटwww.linkedin.com
अलेक्सा रैंकNegative increase 20 (फरवरी 2017 तक ले )[2]
बिज्ञापनगूगल, ऐडसेंस
प्रयोगकर्ता (यूजर)500 मिलियन सदस्य (अप्रैल 2017)[3]
लॉन्च भइलमई 5, 2003; 20 साल पहिले (2003-05-05)

लिंक्डइन (LinkedIn; उच्चारण: English pronunciation: /ˌlɪŋkt.ˈɪn/, लिंक्ट इन) एगो बिजनेस आ रोजगार पर केंद्रित सोशल नेटवर्किंग सर्विस बा जे वेबसाइट आ मोबाइल एप के माध्यम के चल रहल बा। एकर स्थापना 28 दिसंबर 2002 के भइल[4] आ ई 5 मई 2003 के लॉन्च कइल गइल।[5] एकरा मुख्य उपयोग प्रोफेशनल नेटवर्किंग खातिर होला, जेह में रोजगार देवे वाला लोग नोकरी आ जॉब के जानकारी पोस्ट क सके ला जबकि जे लोग नोकरी आ जॉब खोज रहल बा ऊ आपन सीवी लोड क सके ला। 2015 तक से कंपनी के सभसे ढेर आगम अपना सदस्य लोग के जानकारी बेचे से रहल।[6] सितंबर 2016 ले, एह पर 467 मिलियन (46.7 करोड़) बन चुकल रहलें जेह में खाता 106 मिलियन सक्रिय रहे।[3] अप्रैल 2017 तक ले लिंक्डइन पर कुल 200 देसन के 500 मिलियन सदस्य लोग रहल।[7]

कंपनी ओभरभ्यू[संपादन करीं]

माउंटेन व्यू, कैलिफोर्निया में स्थापित लिंक्डइन के मुख्यालय वर्तमान में सनीवेल, कैलिफोर्निया में बा आ एकर 33 गो ग्लोबल ऑफिस बाड़ें। मई 2020 में कंपनी के लगभग 20,500 कर्मचारी रहलें।

लिंक्डइन के सीईओ रयान रोस्लान्स्की बाड़े। लिंक्डइन के सीईओ रहल जेफ वेनर अब कार्यकारी अध्यक्ष बाड़न। लिंक्डइन के संस्थापक रीड हॉफमैन एह बोर्ड के अध्यक्ष बाड़ें। एकर फंडिंग सिकोइया कैपिटल, ग्रेलॉक, बैन कैपिटल वेंचर्स, बेसेमर वेंचर पार्टनर्स आ यूरोपीय फाउंडर्स फंड द्वारा कइल जा रहल बाटे। लिंक्डइन मार्च 2006 में मुनाफा कमाए तक पहुँचल। जनवरी 2011 से कंपनी के कुल 103 मिलियन डॉलर के निवेश मिलल रहे।

द न्यूयॉर्क टाइम्स के अनुसार, अब अमेरिकी हाई स्कूल के छात्र लोग लिंक्डइन प्रोफाइल बना रहल बा जेह में ऊ लोग अपना कॉलेज एप्लीकेशन सभ के साथ सामिल कइल करे ला। अमेरिका में स्थित ई साइट, 2013 ले, 24 गो भाषा सभ में उपलब्ध बा। लिंक्डइन जनवरी 2011 में शुरुआती पब्लिक ऑफरिंग खातिर दावा दाखिल कइलस आ मई में आपन पहिला शेयर के कारोबार कइलस, एनवाईएसई के चिन्ह "एलएनकेडी" के तहत।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 "Financial Statements for LinkedIn Corp". गूगल फाइनांस. गूगल. 2014. Retrieved 5 मार्च 2015.
  2. "Linkedin.com Site Info". Alexa Internet. Archived from the original on 2017-01-29. Retrieved 1 फरवरी 2017.
  3. 3.0 3.1 Awan, Atif. "The Power of LinkedIn's 500 Million Member Community".
  4. "Linkedin: A Short Historical Review". Tiki-Toki. Archived from the original on 27 अप्रैल 2016. Retrieved 24 मार्च 2016.
  5. "LinkedIn - About". LinkedIn Corporation. 2015. Retrieved 5 मार्च 2015.
  6. Nicholas Lemann (12 अक्टूबर 2015). "Reid Hoffman's Big Dreams for LinkedIn - The New Yorker". दि न्यू यॉर्कर.
  7. "The Power of LinkedIn's 500 Million Member Community". blog.linkedin.com. 2017-04-24. Retrieved 2017-04-24.