सीनाई परबत

विकिपीडिया से
सीनाई परबत (Ṭūr Sīnāʼ)
Mount Moses.jpg
माउंट सीनाई के चोटी
Highest point
ऊँचाई2,285 मी (7,497 फीट)
टोपो प्रामिनेंस334 मीटर (1,096 फीट)
भूगोल
सीनाई परबत (Ṭūr Sīnāʼ) is located in Sinai
सीनाई परबत (Ṭūr Sīnāʼ)
सीनाई परबत (Ṭūr Sīnāʼ)
सीनाई प्रायदीप पर एह परबत के लोकेशन
Locationसीनाई, मिस्र

सीनाई परबत (Arabic: طُور سِينَاء, लिप्यंतर Ṭūr Sīnāʼ ; मिस्र देसी अरबी: جَبَل مُوسَى, हिब्रू: הר סיני) मिस्र देस के एशियाई भाग में सीनाई प्रायदीप पर एगो परबत बाटे। ई 2,285-मीटर (7,497-फुट) ऊँचाई वाला परबत, माउंट कैथरीन (2,629 मी या 8,625 फीट ऊँच) के बाद मिस्र के दुसरा सभसे ऊँच पहाड़ बाटे।[1]

एह पहाड़ के सांस्कृतिक आ धार्मिक महत्व बहुत बा आ मानल जाला के मूसा के एही पहाड़ पर ज्ञान प्राप्त भइल रहे।

भूगोल[संपादन करीं]

सीनाई पठार एशिया आ अफिरका के बीच में स्थित बाटे। ई राजनीतिक रूप से मिस्र देस के अंतर्गत आवेला। एकरा पच्छिम में स्वेज के खाड़ी बा आ पूरुब ओर अकाबा के खाड़ी। दूनों खाड़ी के बीच में त्रिभुज के आकार के ई प्रायदीपीय पठार पर नोक वाला हिस्सा में सीनाई परबत स्थित बाटे।

सीनाई परबत के उत्तर-दक्क्षिण लंबाई 380 किमी या 240 मील आ पूरुब-पच्छिम के चौड़ाई 210 किमी या 130 मील बाटे।[1]

भूबिज्ञान[संपादन करीं]

माउंट सिनाई के चट्टान सभ अरबी-नूबियन शील्ड के निर्माण के आखिरी काल में बनल रहलीं आ ई परबत एगो मुनरी के आकार के रूप में ज्वालामुखी क्रिया के परिणाम हवे।[2]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 "Sinai Geology". AllSinai.info.
  2. Hanaa M. Salem and A. A. ElFouly, Minerals Reconnaissance at Saint Catherine Area, Southern Central Sinai, Egypt and their Environmental Impacts on Human Health,ICEHM2000, Cairo University, Egypt, September, 2000, page 586- 598