सिद्धार्थ विश्वविद्यालय

विकिपीडिया से
सिद्धार्थ विश्वविद्यालय
मोटोअत्त दीपो भव
(पालि)
Motto in English
Be a light unto Yourself
स्थापना2015 (9 years ago) (2015)
प्रकारपब्लिक राज्य विश्वविद्यालय
चांसलरउत्तर प्रदेश के राज्यपाल
लोकेशनसिद्धार्थ नगर, उत्तर प्रदेश, भारत
27°26′20″N 83°07′49″E / 27.4389767°N 83.1303182°E / 27.4389767; 83.1303182निर्देशांक: 27°26′20″N 83°07′49″E / 27.4389767°N 83.1303182°E / 27.4389767; 83.1303182
कैंपसदेहाती
भाषाअंग्रेजी, हिंदी
संबद्धतायूजीसी
वेबसाइटsuksn.edu.in
Map
ज़ूम करे लायक नक्सा पर लोकेशन

सिद्धार्थ विश्वविद्यालय, कपिलवस्तु, उत्तर प्रदेश के सिद्धार्थ नगर जिला में इतिहासी महत्व के अस्थान कपिलवस्तु में एगो राज्य विश्वविद्यालय बाटे। ए विश्वविद्यालय के अस्थापना 2015 में भइल आ वर्तमान में एकरा से लगभग 280 से बेसी कॉलेज संबद्ध बाड़े; एकरे अलावा खुद विश्वविद्यालय के कैंपस में यूजी, पीजी के पढ़ाई आ रिसर्च होखे ला।[1]

जुड़ल कॉलेज[संपादन करीं]

एह इन्वर्सिटी से यूपी के छह गो जिला, जवना में महाराजगंज, सिद्धार्थनगर, संत कबीर नगर, बलरामपुर, बस्ती आ श्रावस्ती में मौज़ूद 280 से बेसी कॉलेज संबद्ध बाड़ें। ई कॉलेज पहिले दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालयडॉ. राम मनोहर लोहिया अवध विश्वविद्यालय से जुड़ल रहलें।

एकेडमिक्स[संपादन करीं]

सिद्धार्थ इन्वर्सिटी में अंडरग्रेजुएट, पोस्टग्रेजुएट आ रिसर्च के कोर्स उपलब्ध बाड़ें। एह तरीका से विश्वविद्यालय कुल चार गो फैकल्टी चला रहल बाटे।[2]

फैकल्टी[संपादन करीं]

  • आर्ट फैकल्टी (कला संकाय)
  • कॉमर्स फैकल्टी (वाणिज्य संकाय)
  • होम साइंस फैकल्टी (गृह विज्ञान संकाय)
  • साइंस फैकल्टी (विज्ञान संकाय)

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "|:SIDDHARTH UNIVERSITY KAPILVASTU, SIDDHARTH NAGAR:|". www-suksn-edu-in.translate.goog. Retrieved 2023-10-04.
  2. "|:Siddharth University Kapilvastu, Siddharth Nagar:|".

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]