पिपरहवा

विकिपीडिया से

पिपरहवा भारत के उत्तर प्रदेश राज्य के सिद्धार्थनगर जिला में सिद्धार्थनगर शहर के लगे एगो गाँव बाटे। कालानमक चावल, सुगंधित आ मसालेदार किसिम के चाउर, के खेती एह इलाका में होला। ई ऐतिहासिक बौद्ध इलाका के बीचो-बीच पड़े ला आ विश्व धरोहर स्थल लुंबिनी से 9 मील के दूरी प बा जेकरा के गौतम बुद्ध के जनम के जगह मानल जाला; खुद पिपरहवा के ओह समय के कपिलवस्तु के रूप में चिन्हित कइल जाला।