Jump to content

सिद्धार्थ विश्वविद्यालय

विकिपीडिया से
सिद्धार्थ विश्वविद्यालय
सिद्धार्थ विश्वविद्यालय के प्रशासनिक भवन
मोटोअत्त दीपो भव
(पालि)
Motto in English
Be a light unto Yourself
स्थापना2015 (11 years ago) (2015)
प्रकारपब्लिक राज्य विश्वविद्यालय
चांसलरउत्तर प्रदेश के राज्यपाल
वाइसचांसलरकविता शाह[1]
लोकेशनसिद्धार्थ नगर, उत्तर प्रदेश, भारत
27°26′20″N 83°07′49″E / 27.4389767°N 83.1303182°E / 27.4389767; 83.1303182निर्देशांक: 27°26′20″N 83°07′49″E / 27.4389767°N 83.1303182°E / 27.4389767; 83.1303182
कैंपसदेहाती
भाषाअंग्रेजी, हिंदी
संबद्धतायूजीसी
वेबसाइटsuksn.edu.in
Map
ज़ूम करे लायक नक्सा पर लोकेशन

सिद्धार्थ यूनिवर्सिटी चाहे सिद्धार्थ विश्वविद्यालय, उत्तर प्रदेश के सिद्धार्थ नगर जिला में इतिहासी महत्व के अस्थान कपिलवस्तु (पिपरहवा) में एगो स्टेट इन्वर्सिटी बाटे। ए यूनिवर्सिटी के अस्थापना जून 2015 में भइल आ 2025 तक ले एकरा से 6 जिला सभ के लगभग 280 से बेसी कॉलेज संबद्ध रहलें; एकरे अलावा खुद विश्वविद्यालय के कैंपस में यूजी, पीजी के पढ़ाई आ रिसर्च होखे ला।[2] विश्विद्यालय समय समय पर बिबिध कार्यक्रम आयोजित करे ला।[3]

एकेडमिक्स

[संपादन करीं]

सिद्धार्थ इन्वर्सिटी में अंडरग्रेजुएट, पोस्टग्रेजुएट आ रिसर्च के कोर्स उपलब्ध बाड़ें। एह तरीका से विश्वविद्यालय कुल चार गो फैकल्टी चला रहल बाटे।[4]

फैकल्टी

[संपादन करीं]
  • आर्ट फैकल्टी (कला संकाय)
  • कॉमर्स फैकल्टी (वाणिज्य संकाय)
  • साइंस फैकल्टी (विज्ञान संकाय)
  • लॉ फैकल्टी (विधि संकाय)[5]

इंफ्रास्ट्रक्चर

[संपादन करीं]

यूनिवर्सिटी के आपन कैंपस कपिलवस्तु नगर क्षेत्र में स्थापित बाटे। प्रशासनिक भवन, कला संकाय, वाणिज्य संकाय आ विज्ञान संकाय के आपन-आपन बिल्डिंग बाड़ी स जेह में विज्ञान संकाय के भवन के उद्घाटन जुलाई 2024 में भइल।[6]

कैंपस में लड़िकन खातिर आनंद छात्रावास आ लड़िकिन खातिर यशोधरा छात्रावास बाटे। 2024 में नया इंटरनेशनल यूथ हास्टल के नेंई पड़ल जे पीएम उषा योजना के फंडिंग से बन रहल बाटे।[7]

विश्वविद्यालय में तथागत अतिथि गृह (गेस्ट हाउस), संबोधि केंद्रीय पुस्तकालय, आ गौतम बुद्ध सभागार के साथे साथ 50 बेड वाला अस्पताल बाटे।

जुड़ल कॉलेज

[संपादन करीं]

एह इन्वर्सिटी से 2025 तक ले यूपी के छह गो जिला, जवना में महराजगंज, सिद्धार्थनगर, संत कबीर नगर, बलरामपुर, बस्ती आ श्रावस्ती में मौज़ूद 280 से बेसी कॉलेज संबद्ध रहलें। ई कॉलेज पहिले गोरखपुर यूनिवर्सिटीअवध यूनिवर्सिटी से जुड़ल रहलें। 2025 में बलरामपुर में माँ पाटेश्वरी विश्वविद्यालय के अस्थापना भइल आ बलरामपुर आ श्रावस्ती जिला के कॉलेज एह इन्वर्सिटी से अलगा हो के नई बनल इन्वर्सिटी में सामिल हो गइलें।[8][9] कालेज सभ में संबद्ध गवर्नमेंट डिग्री कॉलेज, एडेड कालेज आ सेल्फ फाइनेंस कालेज सामिल बाड़ें।

  1. "BHU की पर्यावरण वैज्ञानिक बनीं सिद्धार्थ यूनिवर्सिटी की कुलपति: राज्यपाल ने प्रो. कविता शाह को कपिलवस्तु में 3 साल के लिए किया नियुक्त". दैनिक भास्कर (Hindi में). 4 Jul 2024. Retrieved 3 Jan 2025.
  2. University, Siddharth Nagar. "About Siddahrth University". Siddharth University Kapilvastu, Siddharth Nagar. Retrieved 3 Jan 2025.
  3. "University Teachers And Students Became Aware Of Cyber Security - Siddharthnagar News - Siddharthnagar News:साइबर सुरक्षा के लिए जागरूक हुए विश्वविद्यालय के शिक्षक एवं छात्र". web.archive.org. अमर उजाला. 31 दिसंबर 2024. Archived from the original on 2024-12-31. Retrieved 2024-12-31.
  4. "|:Siddharth University Kapilvastu, Siddharth Nagar:|".
  5. "सिद्धार्थ विश्वविद्यालय में शुरू होगा बीए-एलएलबी कोर्स: 15 सितंबर तक ऑनलाइन आवेदन, बार काउंसिल से मिली मान्यता". Dainik Bhaskar (Hindi में). 2025-09-03. Retrieved 2025-11-08.
  6. "कुलपति ने किया विज्ञान भवन का लोकार्पण". Hindustan (Hindi में). 1 Jul 2024. Retrieved 3 Jan 2025.
  7. "सिद्धार्थ विवि में इंटरनेशनल यूथ हॉस्टल का हुआ भूमि पूजन". Hindustan (Hindi में). 28 Nov 2024. Retrieved 3 Jan 2025.
  8. "सिद्धार्थ विवि से खत्म होगी दो जिलों के महाविद्यालयों की संबद्धता". दैनिक हिंदुस्तान (Hindi में). 21 जनवरी 2025. Retrieved 4 अप्रैल 2026.
  9. "बलरामपुर व श्रावस्ती के 35 महाविद्यालय जुड़ेंगे मां पाटेश्वरी विवि से". अमर उजाला (Hindi में). Retrieved 4 अप्रैल 2026.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]