सिंधु जल समझौता
सिंधु जल संधि पानी के बँटवारा खातिर लिए भारत आ पाकिस्तान के बीच भइल एगो दू पक्ष वाली अंतर्राष्ट्रीय संधि (समझौता) हवे। एह संधि में बिस्व बैंक (ओह समय "पुनर्निर्माण आ विकास खाती अंतर्राष्ट्रीय बैंक") बीचा में मध्यस्थता कइलस।[1][2] एह संधि पर कराची में 19 सितंबर 1960 के भारत के प्रधान भारत के प्रधानमंत्री जवाहरलाल नेहरू आ पाकिस्तान के राष्ट्रपति अयूब खान दस्खत कइल लोग।
एह समझौता के हिसाब से तीन ठे "पूरबी" नदी सभ — ब्यास, रावी आ सतलज — के कंट्रोल भारत के, आ तीन "पच्छिमी" नदी सभ — सिंधु, चेनाब आ झेलम — के कंट्रोल पाकिस्तान के मिलल।
जब 1960 ई लागू भइल तबसे ले अबतक ले भारत आ पाकिस्तान कौनों पानी संबंधी संघर्ष में ना अझुरइलन सऽ। अगर कौनों असहमती चाहे बिबाद भइल तब उहो ओही लीगल फ्रेमवर्क के तहत सलटा लिहल गइल जेकर बेवस्था एह समझौते में बाटे।[3] एह तरीका से देखल जाय तब ई समझौता दुनिया के सभसे सफल जल समझौता सभ में गिनल जा सके ला, हालाँकि कुछ बिस्लेष्ण करे वाला लोग एह बात पर जोर देले बा कि एकरे परबिधान में कुछ टेकनीकल चीज अपडेट करे के जरूरति बा आ एकरे स्कोप के बिस्तार कइल चाहत बा जवना से कि जलवायु बदलाव के सामिल कइल जा सके।[4] एह संधि के परबिधान के अनुसार, भारत द्वारा सिंधु नदी सिस्टम क्र कुल पानी के (घरेलू इस्तेमाल, उद्योगिक आ अउरी अइसन इस्तेमाल जेह में पानी खरच न होखे अइसन इस्तेमाल के पच्छिमी नदी सभ में सीमित छोड़ के) लगभग 20% इस्तेमाल क सके ला आ बाक़ी पानी पाकिस्तान खाती हवे।[5][6][7]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Text of 'Indus Water Treaty', Ministry of water resources, Govt. of India". Retrieved 2013-02-01.
- ↑ War over water द गार्डियन, Monday 3 June 2002 01.06 BST
- ↑ "Indus Water Treaty: Options for India" (PDF). Archived from the original (PDF) on 9 July 2018. Retrieved 28 October 2017.
- ↑ "The Indus Equation Report" (PDF). Strategic Foresight Group. Retrieved 28 October 2014.
- ↑ C.A. Brebbia (4 September 2013). Water and Society II. WIT Press. pp. 103–. ISBN 978-1-84564-742-1.
- ↑ Map Workbook. FK Publications. pp. 27–. ISBN 978-81-89611-79-8.[मुर्दा कड़ी]
- ↑ रॉय चौधुरी, बिश्वरूप. Memory Unlimited. डायमंड पाकेट बुक्स (प्रा) लि. pp. 148–. ISBN 978-81-8419-017-5.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]- 1, 2 Archived 2011-07-19 at the Wayback Machine; Ali, Saleem H. "Water Politics in South Asia: Technocratic Cooperation in the Indus basin and beyond." Journal of International Affairs, Spring, 2008.
- Indus Waters Treaty:The World Bank The actual brokers of the Treaty World Bank and the detailed website.
- Indus Water Treaty Importance Analysis and Indo pak relation.
- Bibliography Water Resources and International Law Archived 2011-02-09 at the Wayback Machine See Indus River. Peace Palace Libray
- The Indus Waters Treaty: A History Archived 2016-01-14 at the Wayback Machine. Henry L. Stimson Center.
- The Politics of Indo-Pak Water-Sharing Archived 2018-09-17 at the Wayback Machine. Young Bhartiya.
- A. Misra (19 July 2010). India-Pakistan: Coming Terms. Palgrave Macmillan US. pp. 63–. ISBN 978-0-230-10978-0.
ई भारतीय इतिहास-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई पाकिस्तान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |