सतीश धवन स्पेस सेंटर

विकिपीडिया से
सतीश धवन अंतरिक्ष केंद्र (SDSC)
सतीश धवन अंतरिक्ष केंद्र
चित्र:Isro logo.gif

जीएसएलवी की लॉन्चिंग
Agency overview
Formed1 अक्टूबर 1971
Jurisdictionभारत सरकार
Headquartersश्रीहरीकोटा, आंध्र प्रदेश, भारत
Employeesअज्ञात (2008)
Annual budgetदेखें - भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संस्थान#बजट
Parent agencyइसरो
Website[1] इसरो श्रीहरिकोटा मुखपृष्ठ
Map

सतीश धवन स्पेस सेंटर भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन (इसरो) के उपग्रह आ रॉकेट लॉन्च केंद्र ह। ई आंध्र प्रदेश के तिरुपति जिला के श्रीहरिकोटा में स्थित बा, एकरा के 'श्रीहरिकोटा रेंज' भा 'श्रीहरिकोटा लॉन्चिंग रेंज' के नाँव से भी जानल जाला। 2002 में इसरो के प्रबंधक रहल आ वैज्ञानिक सतीश धवन के सम्मान में मरणोपरांत एकर पुरानका नाँव बदल के वर्तमान नाँव रखल गइल।

प्रक्षेपण वाहन के असेंबली खातिर दूसरा भवन[संपादन करीं]

केंद्रीय मंत्रिमंडल 12 सितंबर 2013 के श्रीहरिकोटा के सतीश धवन अंतरिक्ष केंद्र में प्रक्षेपण वाहन के संयोजन खातिर दूसरा भवन बनावे के मंजूरी दे दिहलस। एकरा प लगभग 363.95 करोड़ रुपया के लागत आवे के अंटकर बाटे, जवना में से 7 करोड़ रुपया विदेशी मुद्रा में खर्च होई। एह दूसरा भवन के उपलब्धता के संगे पीएसएलवी आ जीएसएलवी के लॉन्चिंग फ्रीक्वेंसी बढ़ जाई। एहसे मौजूदा वाहन असेंबली में जीएसएलवी एमके-III के एकीकरण खातिर अतिरिक्त सुविधा मिली। एकरा से तीसरा लॉन्च पैड आ भबिस्य में आम व्हीकल लॉन्च खाती भी बहुत सुविधा होई। [1]

लॉन्च पैड[संपादन करीं]

उपग्रह प्रक्षेपण वाहन लॉन्च पैड[संपादन करीं]

एह लॉन्च पैड से सैटेलाइट लॉन्च व्हीकल आ ऑगमेंटेड सैटेलाइट लॉन्च व्हीकल के लॉन्च कइल गइल. ई वर्तमान प्रक्षेपण स्थल के दक्खिनी छोर पर स्थित बा। एकरा के डिकमिशन कर दिहल गइल बा. एकरा के शुरू में उपग्रह प्रक्षेपण वाहन के प्रक्षेपण खातिर बनावल गईल रहे . बाकिर बाद में एकर इस्तेमाल ऑगमेंटेड सैटेलाइट लॉन्च व्हीकल लॉन्च कॉम्प्लेक्स के रूप में भइल।

  1. "2013 के दौरान अंतरिक्ष विभाग की उपलब्धियाँ". पत्र सूचना कार्यालय, भारत सरकार. 7 जनवरी 2014. Archived from the original on 16 जनवरी 2014. Retrieved 15 जनवरी 2014.