Jump to content

शाहाबाद जिला

विकिपीडिया से

शाहाबाद जिला या आरा जिला, जेकर मुख्यालय आरा (अब भोजपुर जिला में) रहल बिहार राज्य के पच्छिमी हिस्सा मे एक ठो भोजपुरी भाषी जिला रहल। 1972 में एह जिला के दू हिस्सा में बाँट के[1] भोजपुर जिलारोहतास जिला बनावल गइलेन। अउरी बाद में, 1991 में रोहतास से अलग कइ के कैमूर जिला आ 1992 में भोजपुर से अलग कइ के बक्सर जिला बनलें।

शाहाबाद मुगल काल से लगान वसूली आ प्रशासन के एक ठो इकाई रहल। सन 1685 में एकर जेवन इलाका रहल ओह में बाद के, ब्रिटिश समय के शाहाबाद आ रोहतास के कुछ हिस्सा सामिल रहे।[2]

ब्रिटिश बंदोबस्त में जिला के रूप में शाहाबाद के स्थापना 1787 में भइल। सन् 1787 सुरुआत में लॉर्ड कॉर्नवालिस के सरकार ई फैसला कइलस कि प्रशासन के सुबिधा खातिर छोट-छोट जिला सभ के स्थापना कइल जाय, आ कौनों जिला के आमदनी 5 लाख से ढेर न होखे।[3] हालाँकि, ई पैमाना दक्खिनी बिहार में न लागू भइल आ उहाँ बड़ जिला बनावल गइलें। बाद में जिला शाहाबाद के स्थापना ओही साल जुलाई में भइल आ विलियम ऑगस्टस ब्रुक एह नया जिला के पहिला कलेक्टर बनलें।[3]

वर्त्तमान

[संपादन करीं]

पुरनका शाहाबाद अब चार गो जिला में बँट चुकल बाटे:

ई चारों जिला अब पटना प्रमंडल में आवे लें जेह में इनहन के अलावा पटनानालंदा जिला भी सामिल बाड़ें।

  1. "Bhojpur district:Historical Perspective" [भोजपुर जिला:ऐतिहासिक पहलू]. bhojpur.bih.nic.in (अंग्रेजी में). बिहार सरकार. Retrieved 18 अक्टूबर 2016.
  2. L.S.S. O`malley. Bihar And Orissa Gazetteers Shahabad. Concept Publishing Company. pp. 119–. ISBN 978-81-7268-122-7.
  3. 3.0 3.1 L.S.S. O`malley. Bihar And Orissa Gazetteers Shahabad. Concept Publishing Company. pp. 123–. ISBN 978-81-7268-122-7.