विजयवाड़ा

विकिपीडिया से
(विजयवाडा से अनुप्रेषित)
विजयवाड़ा
देस भारत
राज्यआंध्र प्रदेश
Population
 (2011)
 • Total1,491,202

विजयवाडा (अंग्रेजी: Vijayawada) भारत के आंध्र प्रदेश राज्य में एक ठो शहर बा। आबादी के हिसाब से ई आंध्र प्रदेश के दुसरा सभसे बड़हन शहर हवे (विशाखापट्टनम के बाद) आ आंध्र प्रदेश के राजधानी शहर सभ में से एक हवे। विजयवाड़ा शहर कृष्णा नदी के तीरे बसल बाटे आ ई पुरबी घाट के परबत सभ से घेराइल बाटे जिनहन के इंद्रकील पहाड़ी एहिजे पड़े ले।

जनसांख्यिकी[संपादन करीं]

साल 2011 के जनगणना[1] अनुसार विजयवाडा के कुल शहरी जनसंख्या 1034358 बाटे आ आसपास के उपशहरी इलाका के मिला लिहल जाय तब कुल जनसंख्या 1491202 बा। जनसंख्या के हिसाब से ई भारत के 42वाँ शहर बाटे। जनगणना आँकड़ा के मोताबिक एह शहर में लिंगानुपात 995 आ साक्षरता के दर 81.24% बाटे।[1]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 "City Census 2011". census2011.co.in. Retrieved 22 नवंबर 2016.