नीक लेख एगो संतोषजनक अवास्था के लेख होला जेवन नीक लेख पैमाना के जरूरत त पूरा करत होखे बाकी ई अइसन पैमाना जेवन बीछल लेख खातिर बाटे ओ के न पूरा करत होखे।[1] नीक लेख के पैमाना ई जाँच करे खातिर बाटे कि लेख एगो ठीक-ठाक जरूरत के पूरा करत होखे आ ई पैमाना ओतना सख्ती से ना लागू होला जेतना कि बीछल लेख बने खातिर चुनाव की समय ओकर पैमाना लागू कइल जाला।
पैमाना
तुरंत फेल होखले के कारण
कौनों भी लेख के नीक लेख चुने के नामांकन होखले पर तुरंत रिजेक्ट कइ दिहल जाई अगर:
ओपर सफाई या रखरखाव के टैग जुडल होखे आ इ टैगिंग सही में अभिन ले वैलिड होखे, या लेख पर अइसन टैग लगले के संभावना होखे; अइसन टैग में {{cleanup}}, {{POV}}, {{unreferenced}} से कौनों होखें या बहुत सारा {{citation needed}} लागल होखें, {{clarifyme}} लागल होखे, या अइसने टैग जुडल होखे (देखीं {{QF-tags}})।
छह गो पैमाना में से कौनों के पूरा करे से अभी बहुते दूर बुझात होखे।
लेख में कॉपीराइट सम्बन्धी कौनों प्रकार के भी समस्या लउके।
ऊपर लिखल कारण से रिजेक्ट ना होखे वाला लेख के नीचे लिखल छह गो कसौटी पर कसल जाई आ नामांकन केरे वाला के एकरी अनुसार आपन बात रखे आ सुधार करे के मोका दिहल जाई।
अकेल छूटल लिस्ट, झरोखा (पोर्टल), आडियो, आ फोटो: ई सब नीक लेख या अइसन कौनों पैमाना पर चुने खातिर ना नामांकन कइल जाला आ ई ख़ाली बीछल दर्जा खातिर अपनी अपनी नियमावली की हिसाब से बीछल लिस्ट, बीछल झरोखा, बीछल साउंड आ बीछल फोटो की रूप में चुनल जालें।
बीछल लेख: एगो नीक लेख जब बीछल लेख बन जाला त अपने आप एकर नीक लेख के दर्जा खतम हो जाला बाकी जब एगो बीछल लेख के लिस्ट से हटा दिहल जाला तब्बो ऊ ऑटोमेटिक नीक लेख ना रहि जाला आ ओकर एह दर्जा खातिर फिन से नामांकन आ पूरा समीक्षा प्रक्रिया के पालन करे के पड़े ला।
Wikipedia:What the Good article criteria are not— एगो लेख जेवन ई बतावेला कि नीक लेख के समीक्षा 'ख़ाली एकरी पैमाना की हिसाब से' होखे के चाहीं आ एम्में अपनी पर्सनल पसंद/नापसंद के कौनों जगह नइखे।
↑नीक लेख के चुनाव की समय ओकर परीक्षा ख़ाली नीक लेख पैमाना की आधार पर होला आ ऊ बीछल लेख के पैमाना पर हो सकेला कि पास होखे लायक होखे आ इहो हो सकेला कि बीछल लेख बने लायक ना होखे।
↑ लेख के स्टाइल संबंधी अन्य बात सभ जे en:Wikipedia:Manual of Style या एकरे उप पन्ना सभ में दिहल बाटे, नीक लेख चुनत घरी ना लागू होखी।
↑en:Wikipedia:Reviewing good articles के कहनाम बा, "आदर्श रूप में, समीक्षा करे वाला के सगरी स्रोत सामग्री ले पहुँच होखे के चाहीं, आ पर्याप्त बिसेसग्यता होखे के चाहीं की ऊ ई निश्चित कर सके की स्रोत के सामग्री के सही ढंग से लेख में प्रस्तुत कइल गइल बाटे; हालाँकि, ई आदर्श हमेशा पूरा हो पावे ई जरूरी नइखे। कम से कम ई जरूर चेक होखे कि प्रयोग कइल संदर्भ बिस्वास जोग बाटे (उदाहरण खातिर ब्लॉग या लोकल समाचार बिस्वास जोग ना होला) आ जवन संदर्भ प्रयोग भइल बा ऊ वाकई लेख में लिखल बात के सपोट करत बाटे (मने कि इनलाइन उद्धरण में दिहल संदर्भ उहे कहत बा जवन कि लेख में लिखल गइल बा) आ ई कॉपीराईट के सीधा उल्लंघन त नइखे (उदाहरण खातिर, बहुत क्लोज पैराफ्रेजिंग के इस्तेमाल तबे होखे के चाहीं जब बहुत जरूरी होखे)।"
↑मुर्दा हो चुकल कड़ी सभ के सत्यापनीय तब्बे मानल जाई जब ऊ खाली यूआरऍल भर न होखे। संदर्भ के सगरी आइटम के इस्तेमाल, या एकरूपता कौनों जरूरी नइखे, बस एतना जानकारी जरूर होखे के चाहीं कि समीक्षा करे वाला संदर्भ के पहिचान कर सके।
↑कोष्ठक में दिहल (en:Parenthetical referencing) या फुटनोट (en:Wikipedia:Manual of Style (footnotes)) के रूप में दिहल संदर्भ, दुनों में से कौनों तरीका ठीक बा, बाकी एकही लेख में दुनों तरीका के इस्तेमाल आ होखे के चाहीं बलुक कौनों एक ठो तरीका चुन के सभ जगह ओही के प्रयोग होखे के चाहीं।
↑ई आवश्यकता "समग्रता" के ओह जरूरत से जौन कि बीछल लेख लेख खातिर चाहे ले काफी कम होला; ई छोट लेख सभ आ बिसय के हर एक डिटेल के जानकारी ना देवे वाला लेखवन के भी नीक लेख चुनल जाए जोग बनावे ले।
↑अइसन लेख जिनहन में उत्पात वाला संपादन बहुत हो रहल होखे, नीक लेख चुने से रोकल जा सकेला। हालाँकि, विलय करे, नाँव बदले वगैरह के नोट आ समीक्षक के अइसन मामिला में टिपण्णी के अनदेखा कइल जा सकेला।
↑अन्य सगरी मीडिया, जइसे कि बीडियो या साउंड क्लिप भी एकरे अंतर्गत आई।
↑फोटो या अन्य मीडिया के मौजूदगी, अपने आप मे, कौनों जरूरी चीज नइखे। हालाँकि, अगर मान्य लाइसेंस के साथ फोटो (या अन्य मीडिया) उपलब्ध बाटे तब ओकर प्रयोग जरूरत अनुसार होखे के चाहीं।