विकिपीडिया:नीक लेख

विकिपीडिया से
मुख्यपैमानानामांकनदुबारा बिचार नामांकनमदद

विकिपीडिया पर नीक लेख

नीक लेख (Good articles) विकिपीडिया पर अइसन लेख बाटें जिन्हन के नीक या बढ़ियां क्वालिटी के मानल जा सकत बाटे बाकिर ऊ अभिन ले एतना बढ़ियां नइखे बन पावल की ओके विकिपीडिया के सभसे नीक सामग्री की रूप में बीछल जा सके आ ऊ लेख एगो बीछल लेख के दर्जा पा सके। आमतौर पर जेवन लेख नीक लेख पैमाना की हिसाब से समीक्षा में ठीक उतरे लें उन्हन के नीक लेख के दर्जा डे दिहल जाला।

कुछ आम लच्छन गिनावल जाय त नीक लेख - बढ़ियां से लिखल होला, मने कि बिसय पर लगभग हर जरूरी बात के कवर करत होला, भाषा में इस्पेलिंग आ व्याकरण के कमी ना होखे, लेख में पर्याप्त स्रोत के संदर्भ दिहल गइल होखे, लेख अपना मूल रूप में तटस्थ होखे आ लेख में जरूरी मीडिया (फोटो, वीडियो, नक्शा वगैरह) के भरपूर आ नीक से प्रयोग भइल होखे, लेख में कौनों किसिम के कॉपीराइट के उल्लंघन करे वाली चीज न होखे, वगैरह कुछ गुण गिनावल जा सकत बाटे जे एगो नीक लेख खातिर जरूरी होला। ई जरूरी नइखे कि नीक लेख बीछल लेख की नियर बिसय पर बहुत बिस्तार से आ गहिराई से हर चीज प्रस्तुत करे बाकी कौनों महत्व के पहलू छूटल भी ना होखे के चाहीं। एकरा सभ के पूरा करे वाला लेख के विकिपीडिया पर नीक लेख चुनाव से गुजर के पास होखे के पड़ेला आ ई सदस्य लोगन की सहमति से नीक लेख चुन लिहल जाला। नीक लेख आ बीछल लेख में तुलना कइल जाय त ई आसानी से समझ में आ जाई कि नीक लेख अइसन लेख होला जेवन बीछल लेख बनले से अबहिन ले एक सीढ़ी पीछे बाटे आ अब एकरा में सुधार के गुंजाइश बस इहे बा कि एकरा के बीछल लेख चुने के पैमाना पर ठिक उतरे लायक बनावल जाय।

कौनों लेख के नीक लेख चुनल जाए के प्रक्रिया बहुत मुश्किल नइखे आ केहू भी सदस्य के अगर ई बुझाव की फलानां लेख एतना नीक बाटे की ऊ पैमाना की हिसाब से समीक्षा में ठीक उतरी तब ऊ सदस्य ओह लेख के नीक लेख खातिर नामांकन पन्ना जा के उहाँ लिखल निर्देश की हिसाब से नामांकन कर सकत बाटे।

एकरी बाद समीक्षा होखी आ बाकी सदस्य लोग एह बात पर चर्चा कइ के फैसला करी की लेख पैमाना पर ठीक बाटे कि नाँहीं।