विकिपीडिया पर बीछल लेख इहाँ मौजूद लेख सभ में से सभसे नीमन सामग्री वाला लेख बाटे। ई हमनी के विकि के सभसे बढ़ियां आ शानदार काम के उदाहराण होखे लें जिन्हन में लिखे के तरीका, बिसय पर जानकारी, जानकारी के प्रस्तुतीकरण, पर्याप्त संदर्भ दे के प्रमाणित कइल वगैरह सभ कुछ बहुत हाई लेवल के होला। विकिपीडिया पर बीछल लेख बने खातिर कौनों लेख में नीचे दिहल गइल गुण होखे के चाहीं, आ जब लेख ई पैमाना की हास्ब से होखी तब्बे ओके बीछल लेख चुनल जाई:
ई होखे के चाहीं—
बढ़ियाँ से लिखल: एकर गद्य सुंदर आ आकर्षक होखे के चाहीं, पढ़े वाला के स्पष्ट आ पढ़े में उत्सुकता जगावे वाला होखे के चाहीं, आसान भाषा में बाकी प्रोफेशनल स्तर के होखे के चाहीं;
पूरा जानकारी: बिसय पर कौनों महत्व वाली जानकारी छूटल न होखे आ बिसय के पूरा प्रसंग साफ साफ बतावल गइल होखे;
बढ़ियां से रिसर्च कइल: बिसय पर उपलब्ध बाहरी सामग्री के ख़ूब नीमन से रिसर्च कइ के लिखल होखे आ हर बात जेवन लेख में खल गइल होखे ओकर मजबूत, बिस्वास जोग आ तटस्थ प्रमाण दिहल गइल होखे; जहाँ भी जरूरत होखे इनलाइन उद्धरण दिहल गइल होखे के चाहीं;
स्थाई होखे: ई लेख संपादन लड़ाई के बिसय न बने आ समय की साथ एकरी सामग्री में बहुत बदलाव के गुंजाइश न होखे (कुछ मामूली अपडेट जरूर हो सकत बा आ भाषा में भी मामूली सुधार हो सकेला) आ ख़ाली बीछल लेख की प्रक्रिया की तहत एम्मे बदलाव कइल जाए लायक बचल होखे।
ई लेख इस्टाइल निर्देश पर ठिक होखे, आ ई सब चीज जरूर पालन करत होखे—
भूमिका: एगो मझिला आकार के भूमिका जेवना में बिसय के संछेप में परिचय होखे आ पढ़े वाला के बाकी खण्ड सभ के अंदाजा चले, पढ़ के पाठक बिसय के जानकारी बूझे खातिर तइयार हो सके;
ठिक संरचना: क्रम से आ लेवल की अंदर लेवल बना के खण्ड में बाँटल गइल होखे आ साफ सुथरा बिसय सूची (TOC) बनावत होखे जेवन लेख की अंदर सामग्री खोजे में सुबिधा करे आ एतना लंबा भी न होखे की पाठक परेशां हो जाय; आ
एकरूप प्रमाण: जहाँ भी प्रमाण दिहल गइल होखे आ उद्धरण के इस्तेमाल भइल होखे, एक तरह से सगरी संदर्भ उचित प्रारूप में होखें;