विकिपीडिया:बीछल लेख/नामांकन तरीका

विकिपीडिया से
बीछल लेख परिचयनामांकननामांकन कइसे करीं?पैमाना
ईई सितारा, जेवना के एगो कोना टूटल बा, बीछल लेख खातिर नामांकित उमीदवार लेख के चिन्ह हवे
ईई सितारा, जेवना के एगो कोना टूटल बा, बीछल लेख खातिर नामांकित उमीदवार लेख के चिन्ह हवे

इहाँ लेखवन के बीछल लेख की दर्जा देवे खातिर नामांकन आ चुनाव के तरीका बतावल बाटे। बीछल लेख विकिपीडिया के सबसे नीमन लेख बाटें आ इन्हन की चुनाव में सभकर स्वागत बा, केहू भी सदस्य पैमाना की हिसाब से लेख के समीक्षा आ पैमाना पर सही उतरे खातिर लेख में जरूरी संपादन कर सकत बाटे। केहू भी सदस्य कौनों लेख के जवन उनके एह लायक लागे कि ई बीछल लेख बन सकत बाटे, ओकर नामांकन कर सकत बा।


नामांकन खातिर जरूरी सावधानी:

इहाँ लेखवन के बीछल लेख की दर्जा देवे खातिर नामांकन आ चुनाव के तरीका बतावल बाटे। बीछल लेख विकिपीडिया के सबसे नीमन लेख बाटें आ इन्हन की चुनाव खातिर केहू भी सदस्य कौनों लेख के नामांकन कर सकत बाटे (अगर लागे कि लेख पैमाना की हिसाब से बा आ पैमाना पर सही उतरी) एही से इहाँ कुछ सावधानी बतावल जात बा जेवन नया नामांकन प्रस्ताव कइले से पहिले जरूरी बाटे:


नामांकन के तरीका

नीचे दिहल लिस्ट भोजपुरी विकिपीडिया में बीछल लेख बने खातिर नामांकन भइल बाटे।

नया नामांकन करे खातिर:

  1. सबसे पहिले, पैमाना सभ के धियान से पढ़ के निश्चित क लेईं की जवना लेख के नामांकन आप करल चाहत बानी ऊ पैमाना के हिसाब से तइयार बाटे।
  2. लेख के वार्ता पन्ना पर जाईं आ सभसे ऊपर {{Subst:FAC}} जोड़ के सहेज दीं।
  3. एकरा बाद उहाँ लाल रंग से देखाई पड़े वाली कड़ी "समीक्षा पन्ना बनाईं" पर क्लिक करीं; ई ईगो नया पन्ना खोल दी।
  4. एह नवका खुलल समीक्षा पन्ना पर "नामांकन करे वाला के टिप्पणी/कमेंट..." के जगह आपन टिप्पणी लिखीं की काहें आप एकरा के नामांकन कइल चाहत बानी, आ पन्ना सहेज दीं। ई पन्ना {{विकिपीडिया:बीछल लेख नामांकन/लेख के नाँव/पुरालेख#}} के टाइटिल वाला होखी - एह टाइटिल के कॉपी क लीं।
  5. एकरा बाद मुख्य नामांकन पन्ना पर जा के उहाँ दिहल लिस्ट में सभसे ऊपर कॉपी कइल चीज के <code>{{}}</code> के अंदर {{विकिपीडिया:बीछल लेख नामांकन/लेख के नाँव/पुरालेख#}} के रूप में जोड़ दीं। मुख्य नामांकन पन्ना पर जा के कोड पेस्ट करे खातिर इहाँ क्लिक करीं