विकिपीडिया:बीछल सामग्री

विकिपीडिया से

बीछल सामग्री:

आज के बीछल लेख (TFA):

बीछल लेख औजार:


विकिपीडिया के बीछल सामग्री इहाँ मौजूद सभसे बेहतरीन सामग्री हवे। ई सामग्री, आदर्श रूप में, विकिपीडिया प्रयोगकर्ता लोग के आपसी सहकार से बेहतरीन बनावल गइल बा आ आपस में मिल के इनहन के समीक्षा आ सुधार क के सभसे नीक आ बेहतरीन रूप में ले आ के प्रस्तुत कइल गइल बा।

वर्तमान में दू किसिम के बीछल सामग्री नीति विकिपीडिया पर लागू बा - लेख खातिर आ फोटो खातिर। एह नीति के मकसद विकिपीडिया के सामग्री में सभसे हाई क्वालिटी के लेख आ फोटो बीछे आ उनहन के विकिपीडिया के पाठक लोग के सोझा ले आइल बा।

आपो विकिपीडिया से जुड़ सकत बाड़ीं आ इहाँ लेख सभ के बिस्तार आ सुधार द्वारा सभसे बेहतरीन, यानी कि बीछल लेख बनावे में मदद क सकत बाड़ीं। एकरे अलावा, अंगरेजी विकिपीडिया पर बीछल बेहतरीन फोटो सभ से संबंधित लेख बना के आपो उनहन के इहाँ बीछल फोटो चुने खाती नामांकित क सकत बाड़ीं।