विकिपीडिया:आधार

विकिपीडिया से
(विकिपीडिया:Stub से अनुप्रेषित)

विकिपीडिया पर कौनों आधार अइसन बहुत छोट लेख होला जे अभिन ले बिसय के ज्ञानकोशीय रूप से कभर करे में सक्षम ना बाटे। एकरा में कम से कम एतना बिस्तार के जरूरत बाटे की ई बिसय के बारे में एक ठो शुरूआती जानकारी देवे लायक बन जाय।

टिपिकल आधार लेखवन में आमतौर पर चार-पाँच वाक्य हो सके लें। हालाँकि, भोजपुरी विकिपीडिया पर बहुत आधार लेख अइसनो बाड़ें जिन्हन में खाली एकही वाक्य भर लिखल बा। एही से इन्हन में बिस्तार करि के सुरुआती लेख बनावे खातिर इन्हन में कम से कम दस वाक्य या दू से तीन गो पैराग्राफ जरूर जोड़ल जाय। ई पैमाना भी कौनों आम नियम नइखे, बस ई धियान रहे के लेख में बिसय के बारे में सुरुआती जानकारी पूरा हो जाये के चाहीं। (देखीं: WP:STUBDEF)

आमतौर पर छोट लेख संदर्भ न होखे या पाँच से कम संदर्भ होखे तबो लेख के आधार के रूप में टैग क दिहल जाला। अइसना में बिस्तार के साथ इहो जरूरी बाटे कि लेख में पर्याप्त संदर्भ दिहल जाय। सगरी सुरुआती जानकारी के स्रोत के संदर्भ दे के सत्यापन लायक बनावल जाय।

संबंधित अन्य कई चीज लेख में जरूरी होला, जइसे कि फोटो, इंफोबॉक्स, नैविगेशन टेम्पलेट, बाहरी कड़ी वगैरह। आधार लेख के सुरुआती लेख बनावे खातिर इन्हन के होखल भी जरूरी बाटे।

नया आधार लेख बनावल[संपादन करीं]

बहुत सारा लोग विकिपीडिया पर आधार लेख बनावे ला। कौनों बिसय पर दू-चार लाइन लिख के छोड़ देला आ आगे बढ़ जाला, अगिला लेख बनावे खातिर। हालाँकि, अइसन लेखवन के आधार टैग लगा के रखल जा सके ला, लगातार, बिबेकहीन ढंग से, आ भारी संख्या में अइसने लेख बनावल उचित ना बाटे। एकरा चलते विकिपीडिया के क्वालिटी खराब तरीका से प्रभावित होले। एकरा चलते केहू पाठक विकिपीडिया के अइसन पन्ना सभ पर जेतना तेजी से पहुँचे ला ओतने तेजी से निरास हो के वापस लवट जाला।

हालाँकि, अंगरेजी विकिपीडिया पर अइसन आधार लेख बनावे के मनाहीं नइखे, एहिजे एकरा खातिर कुछ दिसानिर्देस के पालन करे के चाहीं:

  • अंधाधुंध तरीका से छोट-छोट लेख बना बना के आगे बढ़ल उचित ना बाटे, अइसन करे से बचे के चाहीं। बजाय जल्दी-जल्दी नाया आधार लेख बनावे के आ एगो लेख बना के तुरंते दूसरे लेख के शुरू करे के, कोसिस करीं की पहिले एगो लेख के मजिगर बिस्तार क लीं ओकरे बाद अगिला लेख में हाथ लगाईं
  • कौनों लिस्ट लेख में आवे वाला लाल कड़ी खातिर, चाहे कौनों नेवीगेशन टेम्पलेट बना के भा आयात क के (भा करवा के) ओह में मौजूद लाल कड़ी सभ के लेख में बदले खाती आधार लेख ना बनावल जाये के चाहीं।
  • एकदम अट्रेंडम ढंग से आधार लेख बनावे खातिर बिसय बीछल आ उनहन पर आधार लेख बनावल अंधाधुंध लेख निर्माण मानल जाई। अइसन करे से बचे के चाहीं। लगातार अइसन कइल आ चेतावे के बादो अइसन कइल, बिघटनकारी बेहवार मानल जा सके ला।
  • बॉट से मशीनी संपादन क के नया आधार लेख बिना पहिले समुदाय से परमीशन लिहले मत बनाईं। ई काम बिघटनकारी मानल जाई आ बॉट पर आ बॉट संचालक पर रोको लगावल जा सके ला।
  • ई दिसानिर्देस अंगरेजी विकिपीडिया के Stub MakersMake stubs नियर सलाह सभ (चाहे अइसने अउरी कौनों सलाह) के ओभरराइड करे ला, उनहन के पालन एहिजे ना कइल जाए के चाहीं।

ऊपर बतावल दिसानिर्देस केहू के अट्रेंडम ढंग से नाया लेख बनावे से ना रोके ला बशर्ते कि अइसन बनावल जा रहल लेख बिस्तार से बनावल जाय (कम से कम, आधार स्तर से ऊपर के दर्जा वाला शुरूआती लेख के रूप में) बलुक ई बिना कौनों तरीका के कूद-कूद के बहुत छोट-छोट लेख बनावे के प्रवृत्ति के रोके खातिर हवे।

आधार लेख बनावे के कुछ दसा नीचे लिखल बा:

  • आधार लेख बनावल उचित होखी अगर आप कौनों नीक लेख, बीछल लेख भा मुख्य पन्ना के कौनों आइटम में नामांकन खातिर लेख तइयार क रहल होखीं आ ओह लेख में लाल कड़ी बहुत आ रहल होखें। अइसन लाल कड़ी सभ के लेख वाली कड़ी में बदले खातिर नाया आदर्श आधार लेख बनावल जा सके लें। (देखीं: WP:IDEALSTUB)
  • अगर आप कौनों दुसरे भाषा के विकिपीडिया प्रोजेक्ट पर बहुत देखल/खोजल जाए वाला बिसय पर केंद्रित हो के काम क रहल होखीं आ ओह बिसय से संबंधित मुख्य लेख के भरपूर बिस्तार से बना रहल होखीं आ ओह लेख में बहुत लाल कड़ी आवत होखें तब आप उनहन खातिर आदर्श आधार लेख बना सकत बाड़ीं।
  • कौनों किसिम के लिस्ट भा नेवीगेशन बक्सा भा दुसरे अंगरेजी विकिपीडिया के कौनों श्रेणी पकड़ के नाया आधार लेख बनावे से पहिले समुदाय से परमीशन ले लीं कि आप अइसन आधार लेख बेसी संख्या में बनावे चाहत बानी। अइसन सहमती के बाद ई लेख बनावल जा सके लें। (आमतौर पर ई एह नीति के लागू होखे से पहिले के बनल नेवीगेशन बक्सा आ लिस्ट वगैरह के अंदर आवे वाला कड़ी सभ के लेख में बदले खातिर इस्तेमाल कइल जाये के चाहीं)
  • बॉट से नया आधार लेख बनावे से पहिले समुदाय से परमीशन ले लीं। काहें से कि पहिलहूँ एह विकिपीडिया पर बॉट से नाया लेख बनावल जा चुकल बाने; उनहन के देख के इहे मालुम होत बा कि अइसन लेख बनावे से उनहन के बिस्तार करे में कौनों खास लाभ ना मिलल बाटे।
  • कुछ आधार लेखवन के अंगरेजी विकिपीडिया पर PERMASTUB कहल जाला। स्वाभाविक रूप से अइसन लेख बनें तब उनहन पर कौनों रोक ना बाटे; हालाँकि, इनहने के लिस्ट बना के (निजी ऑनविकि/ऑफ़विकि लिस्ट) चाहे कौनों दुसरे भाषा के विकिपीडिया से अइसन लिस्ट पकड़ के एह बिसयन पर लेख बनावे के हतोत्साहित कइल जाला।

आधार लेख चिन्हित कइल[संपादन करीं]

अगर आपके कौनों बहुत छोट लेख मिले आप ओकरा के उचित आधार टैग लगा के आधार के रूप में चिन्हित क सकत बानी। आधार टैग सभ के लिस्ट में से एगो उचित आधार टैग बीछीं आ ओकरा के पन्ना पर जोड़ दीं। विकिपीडिया के इस्टाइल मैनुअल के हिसाब से ई पन्ना पर सभसे नीचे, श्रेणी सभ के बाद, आवे के चाहीं।

अगर आपके एकदम नइखे बुझात कि कवन आधार टैग जोड़ल जाय, तब्बे मूल आधार टैग {{आधार}} जोड़ीं।

आधार टैग छँटाई खातिर बेसी जानकारी आप विकिपीडिया:विकिप्रोजेक्ट आधार लेख छँटाई पर देख सकत बानी आ एह विकिप्रोजेक्ट से जुड़े के सलाह दिहल जाला। एकरा खातिर बनावल जावास्क्रिप्ट औजार के भी इस्तेमाल कइल जा सके ला।

नया आधार टैग बनावल[संपादन करीं]

आधार लेख सभ के आधार रूप में टैग करे खातिर आधार टैग बनावल जालें। अंगरेजी विकिपीडिया पर हजारन आधार टैग मौजूद बाड़ें। एकर मतलब ई ना भइल कि एहिजो अइसन टैग बिना बिचार कइले बना लिहल जाय। नया आधार टैग तबे बनावल जाये के चाहीं जब ओह प्रकार में आवे वाला लेखवन के मजिगर संख्या मौजूद होखे (संभावित खातिर भा भविष्य में बने खातिर ना)।

भोजपुरी विकिपीडिया पर सगरी मौजूद आधार टैग आधार प्रकार पन्ना पर लिस्ट के रूप में दर्ज कइल गइल बाड़ें। इनहन के अलावा अगर नया आधार टैग बनावे के होखे तब विकिपीडिया:विकिप्रोजेक्ट आधार लेख छँटाई/प्रस्ताव पर अनुरोध करीं। खुद नया आधार टैग मत बनाईं। बिना चर्चा के बनावल आधार टैग हटा दिहल जाई।

अपवाद के रूप में, प्रबंधक लोग के ई अधिकार बा कि, मजिगर संख्या में लेख सामिल होखे के स्थिति देख के, ऊ लोग नया आधार टैग अंग्रेजी विकिपीडिया से आयात क सके ला। एकरा बाद उनहन लोग के एह आधार टैग सभ के विकिपीडिया:आधार/आधार प्रकार पन्ना आ आधार छँटाई के औजार के लिस्ट वाला पन्ना सभ पर दर्ज करे के चाहीं।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

  • आधार लेखवन के बर्गीकरण - इहाँ सगरी टैग वाली टेम्पलेट के लिस्ट दिहल बाटे जवन आधार लेख के बर्गीकरण करे खातिर इस्तेमाल होलीं।
  • आधार श्रेणी - में सगरी अइसन श्रेणी बाड़ी जहाँ आधार लेख राखल बाड़ें। इन्हन में से अपनी पसंद के बिसय अनुसार आधार लेख बीछ के बिस्तार कइल जा सकत बाटे।