प्रयोगकर्ता:SM7/stubsorter

विकिपीडिया से

Stubsorter (स्टबसॉर्टर) एगो जावास्क्रिप्ट आधारित औजार बा जेकर इस्तेमाल आधार लेख सभ के छँटनी करे खातिर कइल जा सके ला आ नाया बनल छोट लेख सभ पर उचित आधार टैग लगावल जा सके ला।

ई औजार चालू करे पर (जेकर बिधि नीचे दिहल बा) प्रयोगकर्ता के अधिक बिकल्प में "स्टब छँटाई" के बिकल्प देला, एकरा के क्लिक करे पर सात गो बिभाग में बाँट के रखल आधार टैग के कड़ी आ जाला। बिभाग पर क्लिक करे पर ओह में रखल आधार टैग सभ के लिस्ट लउके लागे ले। जवन आधार टैग सभसे उचित बुझाय ओके लिंक के क्लिक करे पर थोड़ी देर में ऊ आधार टैग लेख में जुड़ जाला आ अपने आप लेख के झलक (प्रीव्यू) आधार टैग के साथे देखलाई पड़े ला जेकरे बाद एकरा के सहेजल जा सके ला।

चालू करे खातिर[संपादन करीं]

प्रयोगकर्ता लोग अपना common.js में नीचे लिखल लाइन जोड़ ले:

// Stubsorter - आधार लेख छँटनी खातिर औजार
importScript('प्रयोगकर्ता:SM7/stubsorter.js');

क्रेडिट (श्रेय)[संपादन करीं]

एह औजार क निर्माण अंगरेजी विकिपीडिया के कई योगदानकर्ता लोग के स्क्रिप्ट के आधार पर कइल गइल बा जेकर लिस्ट नीचे दिहल बा:

एह लोग के आभार बा।