Jump to content

लोहड़ी

विकिपीडिया से
Lohri
Lohri bonfire
अन्य नाँवLal Loi
प्रकारReligious, cultural, seasonal
महत्त्वMidwinter festival, celebration of winter solstice
मनावे के तरीकाBonfire, songs and
समय13 जनवरी
केतना बेरOnce in a year
संबंधित बाMaghi, Makar Sankranti

लोहड़ी जाड़ा के समय में भारतीय उपमहादीप में मनावल जाए वाला एगो लोक तिहुआर हवे। मुख्य रूप से भारतपाकिस्तान के पंजाब क्षेत्र आ आसपास के इलाका सभ में ई तिहुआर सिख, हिंदू आ अन्य धरम के लोगन द्वारा मनावल जाला। परंपरा अनुसार ई सुरुज के संक्रांति, जेकरे बाद दिन के लंबाई बढ़े लागे ला, से जुड़ल तिहवार हवे आ मकर संक्रांति के एक दिन पहिले के रात के मनावल जाला। अंग्रेजी कलेंडर के हिसाब से ई हर साल १३ जनबरी के मनावल जाला। एकरा के माघी भी कहल जाला काहें से कि ई चंद्र-सुरुज कलेंडर के हिसाब से माघ महिन्ना में पड़े ला।

तिहुआर के मनावे के परंपरा में रात के लकड़ी के ढेर जरावल जाला आ ओकरे आसपास नाच-गाना होखे ला। परंपरानुसार खान-पान आ एक दुसरे के बधाई दिहल तिहुआर के रेवाज में सामिल बा।