लियो टालस्टाय

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
लियो टालस्टाय
L.N.Tolstoy Prokudin-Gorsky.jpg
लियो टालस्टाय अपनी 80वाँ जन्मदिन से चार महीना पहिले, 1908 में (ई तस्वीर रूस में खींचल पहिला रंगीन फोटो हवे)
जनम लेव निकोलायेविच टॉलस्टॉय
(1828-09-09)सितंबर 9, 1828
यास्न्या पोल्याना, रूस
निधन नवंबर 20, 1910(1910-11-20) (उमिर 82)
अस्तापोवो, रूसी साम्राज्य
पेशा उपन्यासकार, कहानीकार, नाटककार, निबंधकार
भाषा रूसी भाषा, फ्रांसीसी भाषा
राष्ट्रीयता रूस
जुग 1852-1910
प्रमुख रचनासभ वार एंड पीस
अन्ना कैरेनिना
अ कनफेसन
द किंगडम ऑफ गाड इज विदिन यू
जीवनसाथी सोफिया टालस्टाय
संतान 14

दसखत
recorded 1908

लियो टालस्टाय पूरा नाँव काउंट लेव निकोलायेविच टॉलस्टॉय (अंगरेजी: Count Lev Nikolayevich Tolstoy; 9 सितंबर 1828 - 20 नवंबर 1910) एगो रूसी उपन्यासकार रहलें जिनके दुनिया के महान लेखक लोगन में गिनल जाला।

उनुकरा के वार एंड पीस (1869), अन्ना कैरेनिना (1877) खातिर बिसेस प्रसिद्धी मिलल।

टालस्टाय के लेखन के परभाव बहुत महान-महान हस्तिन पर पड़ल जौना में महात्मा गाँधी, मार्टिन लूथर किंगजेम्स बेवेल नियर लोग बाटे। गाँधी जी उनही की नाँव पर दक्षिण अफिरका में अपनी आश्रम के नाँव टालस्टाय फार्म रखले रहलें।

संदर्भ[संपादन]

बाहरी कड़ी[संपादन]