लाल बहादुर शास्‍त्री राष्‍ट्रीय प्रशासनिक प्रशिक्षणदेयी संस्था

विकिपीडिया से
Lal Bahadur Shastri National Academy of Administration
पुरान नाँव
राष्ट्रीय प्रशासनिक संस्था
मोटो"शीलं परं भूषणम्" ( संस्कृतम्)
"चरीत्र सभसे बड़ गहना बा"
स्थापना1958
प्रकारलोक सेवा प्रशिक्षण संस्थान
महतारी संस्था
जनोरहन आ पेंशन मंत्रालय
डाइरेक्टरश्रीनिवास कटीकीतला, IAS
लोकेशनशिमलान्यू दिल्ली 1972 में; मसूरी, उत्तराखण्ड वर्तमान में, भारत
कैंपसशहरी
वेबसाइटwww.lbsnaa.gov.in
Map
ज़ूम करे लायक नक्सा पर लोकेशन

लाल बहादुर शास्त्री राष्ट्रीय प्रशासनिक प्रशिक्षणदेयी संस्था भारतऽगणराज्य में लोकनीतिलोक प्रशासन पर सिविल सेवा प्रशिक्षण देवनीहार संस्थान बा।[1]  संस्था के मुख्य मकसद आई.ए.एस सेवादेयी सदस्यन के प्रशिक्षित कइल आ ग्रुप-ए केन्द्रीय सिविल सेवा के फाउंडेशन कोर्स के संचालनो करऽल बा।  प्रशिक्षण पूरा होखला के बाद आई.ए.एस सेवादेयी सदस्यन के प्रशिक्षु अधिकारीयन के जवाहरलाल नेहरू विश्वविद्यालय, दिल्ली से ए.मए (लोक प्रशासन) से सम्मानित कईल जाला।  ई 1985 से जनोरहन आ पेंशन मंत्रालय के तहत काम करत बा।

एल.बी.एस.एन.ए.ए.[2] उत्तराखण्ड के मसूरी के सुन्दरं पर्वत में स्थित एगो प्रमुख प्रशिक्षणदेयी संस्था बा।1958 में स्थापित भइल एह प्रशिक्षणदेयी संस्था में हर बरिस सिविल सेवकन के एगो नया बेच लौकेला। प्रशिक्षणदेयी संस्था अखिल भारतीय सेवा में प्रवेश कर्नीहार लोगीन खातिर एगो सामान्य फाउंडेशन कोर्स चलावेले। अक्टूबर 1972 में प्रशिक्षणदेयी संस्था के नांव बदल के "लाल बहादुर शास्त्री अकादमी ऑफ एडमिनिस्ट्रेशन"[3] कर दिहल गइल आ जुलाई 1973 में एहमें राष्ट्रीय शब्द जोड़ल गइल। अब प्रशिक्षण संस्था के "लाल बहादुर शास्त्री नेशनल एकेडमी ऑफ एडमिनिस्ट्रेशन" (LBSNAA) के नांव से चिन्हल जाला। जेकरा के भोजपुरी मे "लाल बहादुर शास्त्री राष्ट्रीय प्रशासनिक प्रशिक्षणदेयी संस्था" कहल जाला। अप्रिल 1985 से ई जनोरहन आ पेंशन मंत्रालय के तहत काम करत बा।

परिचय[संपादन करीं]

Lal_Bahadur_Shastri_National_Academy_of_Administration,_Mussoorie,_at_night
लाल बहादुर शास्त्री राष्ट्रीय प्रशासनिक प्रशिक्षणदेयी संस्था, राती में

15 अप्रिल 1958 के तत्कालीन केंद्रीय गृहमंत्री पण्डित गोविन्द बल्लभ पन्त लोकसभा में घोषणा कइले के सरकार एगो नेशनल एकेडमी ऑफ एडमिनिस्ट्रेशन के स्थापना करी, जहवां सिविल सेवा में भर्ती होखनिहारन के प्रशिक्षण दिहल जाई। गृह मंत्रालय दिल्ली के आई.ए.एस ट्रेनिंग स्कूल आ शिमला के आई.ए.एस स्टाफ कॉलेज के मिला के 1 सितंबर 1959 में मसूरी में नेशनल एकेडमी ऑफ एडमिनिस्ट्रेशन के स्थापित करऽल गइल। प्रशिक्षणदेयी संस्था दु बेरा आपन नांव में बदलाव कइलस। अक्टूबर 1972 में एकर नाम बदल के "लाल बहादुर शास्त्री एकेडमी ऑफ एडमिनिस्ट्रेशन" रखल गइल। जुलाई 1973 में एह संस्था के वर्तमान नाँव "लाल बहादुर शास्त्री नेशनल एकेडमी ऑफ एडमिनिस्ट्रेशन (LBSNAA)" धरल गइल।

अधिकारीयन के पहिला बॅच के प्रशिक्षण 13 अप्रैल 1959 में 115 अधिकारीयन के सङे मेटकाफ हाउस, दिल्ली में शुरू भइल। 1 सितंबर 1959 में प्रशिक्षणदेयी संस्था मसूरी के चार्लेविले होटल में स्थानफेर हो गइल आ वर्तमान में एहिजा स्थिर बा। मसूरी में प्रशिक्षणदेयी संस्था द्वारा शुरू कइल गइल चार्लेविले होटल एह हिल स्टेशन में बनल पहिला होटल रहल। एकरा के सरकार निजी व्यक्ति से किन्ले रहे। एह होटल के मुख्य भवन 1854 में जनरल विल्किंसन द्वारा बनवावल गइल रहे। एकरा के 1861 में मसूरी धननिधिकोष (बैंक) के रिटायर्ड मैनेजर मिस्टर हॉब्सन किन्ले रहले। मशहूर लेखक रुडयार्ड किपलिंग 1888 में इहावा रहऽत रहले। 1905 में यूके के रानी मैरी (ओह घरी प्रिंसेस ऑफ वेल्स के नाम से जानल जाली) एह होटल में रुकल रहली।

31 अगस्त 1970 के गृह मंत्रालय के तहत प्रशिक्षणदेयी संस्था के कामकाज शुरू भइल। 1 सितंबर 1970 से अप्रैल 1977 ले ई संस्था कैबिनेट सचिव मामिला मंत्रालय के नियंत्रण में रहल, अप्रैल 1977 से मार्च 1985 ले फेनु से गृह मंत्रालय के नियंत्रण में आगई आ अप्रैल 1985 से आजले जनोरहन आ पेंशन मंत्रालय के नियंत्रण मे काम करता। 1984 में एगो भयानक आग लगला से मुख्य होटल के भवन तबाह हो गइल रहे। एन.आई.सी.टी.यू (NICTU) के स्थापना 1988 में भइल रहे। 1989 में "नेशनल सोसाइटी फॉर प्रोमोशन ऑफ डेवलपमेंट एडमिनिस्ट्रेशन रिसर्च एंड ट्रेनिंग (NSDART)" के स्थापना भइल। 14 नवंबर 1996 से एकरा के "नेशनल इंस्टीट्यूट ऑफ एडमिनिस्ट्रेशन रिसर्च" (NIAR)के नाम से जानल जाला। 3 नवंबर 1992 में प्रशिक्षणदेयी संस्था के कर्मशिला भवन आ 9 अगस्त 1996 ध्रुवशिला आ कालिंदी अतिथि गृह के उद्घाटन करऽल गइल।2011 में भवन ज्ञानशिला, सिल्वरवुड आ वैली व्यू के निर्माण भइल। 21 जून 2013 ब्रह्मपुत्र भवन आ 29 जून 2015 आधारशिला भवन के उद्घाटन भइल।

The_Prime_Minister,_Shri_Narendra_Modi_in_a_group_photograph_with_the_Officer_Trainees_of_the_92nd_Foundation_Course,_at_the_Lal_Bahadur_Shastri_National_Academy_of_Administration_(LBSNAA),_in_Mussoorie,_Uttarakhand_(1)
संस्था के एगो कार्यक्रम में प्रधानमंत्री मोदी

भारत मे देश के प्रमुख सिविल सेवा में ढेरका अधिकारीयन के पसंदगी संघ लोक सेवा आयोग (UPSC) के ओर से आयोजित सिविल सेवा परीक्षा के माध्यम से होखेला। पसंद कएल उम्मीदवार चार महीना के फाउंडेशन कोर्स खातिर लाल बहादुर शास्त्री राष्ट्रीय प्रशासनिक प्रशिक्षणदेयी संस्था में शामिल होलें आ एह कोर्स में सगरी प्रशिक्षु लोग में "समानता" के भाव पन्कावल जाला. एकरा बाद भारतीय प्रशासनिक सेवा (IAS)के अधिकारी अकादमी में आपन व्यवसायिक अभ्यास प्रशिक्षण जारी रखेले,[4] जबके दोसर सेवा के अधिकारी, माने भारतीय विदेश सेवा (IFS) के अधिकारी खातीर न्यू दिल्ली के "सुषमा स्वराज विदेश सेवा संस्थान" आ भारतीय पुलिस सेवा (IPS) के अधिकारीयन खातिर हैदराबाद में सरदार वल्लभभाई पटेल राष्ट्रीय पुलिस प्रशिक्षणदेयी संस्था, आ भारतीय वन सेवा (IFS) के अधिकारी खातिर इंदिरा गांधी राष्ट्रीय वन प्रशिक्षणदेयी संस्था, देहरादून आ भारतीय राजस्व सेवा (IRS) के अधिकारीयन खातिर "नेशनल एकेडमी ऑफ कस्टम इन्डायरेक्ट टैक्स एंड नारकोटिक्स" बाटे।

एकरा बाद भारतीय प्रशासनिक सेवा (IAS)के अधिकारी अकादमी में आपन व्यवसायिक अभ्यास प्रशिक्षण जारी रखेले,[5] जबके दोसर सेवा के अधिकारी, माने भारतीय विदेश सेवा (IFS) के अधिकारी खातीर न्यू दिल्ली के "सुषमा स्वराज विदेश सेवा संस्थान" आ भारतीय पुलिस सेवा (IPS) के अधिकारीयन खातिर हैदराबाद में सरदार वल्लभभाई पटेल राष्ट्रीय पुलिस प्रशिक्षणदेयी संस्था, आ भारतीय वन सेवा (IFS) के अधिकारी खातिर इंदिरा गांधी राष्ट्रीय वन प्रशिक्षणदेयी संस्था, देहरादून आ भारतीय राजस्व सेवा (IRS) के अधिकारीयन खातिर "नेशनल एकेडमी ऑफ कस्टम इन्डायरेक्ट टैक्स एंड नारकोटिक्स" बाटे।

प्रशिक्षणदेयी संस्था 2007 में भारतीय प्रशासनिक सेवा के अधिकारीयन खातिर मिड कैरियर ट्रेनिंग प्रोग्रामो चलावल शुरू कइलस। अंदाजे 15 साल के सेवा वाला अधिकारी जे संयुक्त सचिव बने वाला बाड़ें, चौथा चरण मिड कैरियर ट्रेनिंग प्रोग्राम से गुजरेलें, जबके लगभग आठ साल के सेवा वाला अधिकारी सेवा के तृतीय चरण के मध्य कैरियर प्रशिक्षण कार्यक्रम से गुजरेले। प्रशिक्षण खातिर सबसे व्यापक ज्ञान के आधार उपलब्ध करावे खातिर अकादमी दुनिया के मशहूर थिंक टैंक आ आइवी लीग रिसर्च इंस्टीट्यूशन के जवड़े काम कर रहल बा। गूगल आ सिद्धार्थ पॉल तिवारी के सङे साझेदारी के साथे प्रशिक्षणदेयी संस्था नवीनतम् तकनीक के प्रशिक्षण शुरू कईलक एह से प्रशिक्षुवन एह क्षेत्र में भइल सभसे ताजा नवाचार सभ के बारे में जानकारी ले सकेले। प्रशिक्षणदेयी संस्था शासन आ लोक प्रशासन के बिबिध पासा में केतनहे नन्हिचुकी अवधि के प्रशिक्षण कार्यक्रमो चलावे ले।


सुविधा[संपादन करीं]

प्रशिक्षणदेयी संस्था में सेवादेयी सदस्यन के विशाल आ सुसज्जित लेक्चर हॉल, ग्रन्थालय, सभाखण्ड, ऑडिटोरियम, मेस, निवासस्थान, खेल परिसर, मेडिकल सुविधा, रिप्रोग्राफिक यूनिट, ई.पी.ए.बी.एक्स (EPABX), कंप्यूटर लॅब, बैंक, डाकघर आ इंटरनेट के सुविधा मिली।

शिक्षण सुविधा[संपादन करीं]

प्रशिक्षणदेयी संस्था में नवीनतम् ऑडियो-विजुअल सुविधा वाला विशाल आ सुसज्जित कक्षा के साथे-साथे वीडियो-रिकॉर्डिंग आ वीडियो-कांफ्रेंसिंग के सुविधा उपलब्ध बा। प्रशिक्षणदेयी संस्था में चारगो मुख्य भवन बा; कर्मशिला, ध्रुवशिला, ज्ञानशिलाआधारशिला। कर्मशिला में लेक्चर हॉल, अधिकारीयन के मेस, ग्रन्थालय आ अधिकारीयन आरामस्थानो बा। फेकल्टी कार्यालय आ प्रशासनिक कार्यालय ध्रुवशिला आ ज्ञानशिला में बा। ज्ञानशिला में तनी-बहुत कक्षो बा। आधारशिला में कंप्यूटर लॅब आ तनी-बहुत कक्षो बा।

निवासस्थान सुविधा[संपादन करीं]

प्रशिक्षण के बेरीया अधिकारी प्रशिक्षुवन के प्रशिक्षणदेयी संस्था में रहे के मनसा करल जाला। प्रशिक्षुवन खातिर तीनगो हॉस्टल बाटे जेकर के नाम भारत के तीनगो बड़ नद्दीयन के नाम पर धरल गइल बाटे गंगा, कावेरीनर्मदा। प्रशिक्षणदेयी संस्था हॉस्टल के सभे कमरा में केंद्रीय तापन-प्रणाली, टेलीविजन, टेलीफोन बा आ डबल ओक्यूपेंसी के सुविधा बा। मिड कैरियर ट्रेनिंग प्रोग्राम के प्रतिभागियन के सिल्वरवुड, हेप्पी वैली, महानदी आ वैली व्यू एक्जीक्यूटिव हॉस्टल में राखल गइल बा। सभे हॉस्टल में आरामस्थान, ऑडियो-विजुअल उपकरण, आधुनिक लॉन्ड्रोमैट आ आम मनोरंजन क्षेत्र बा। विजिटिंग फैकल्टी कालिंदी अतिथि गृह में बाटे। प्रशिक्षणदेयी संस्था के ब्रह्मपुत्र भवन में साङ्घतीया आ सहायक फैकल्टी खातिर स्टूडियो अपार्टमेंट बाटे।

खेला परिसर[संपादन करीं]

लाल बहादुर शास्त्री राष्ट्रीय प्रशासनिक प्रशिक्षणदेयी संस्था में एगो अद्भुत खेल परिसर बा जवना में एथलेटिक्स, फुटबॉल, क्रिकेट, वॉलीबॉल, स्क्वैश, टेनिस, बैडमिंटन, योग, बास्केटबॉल, बिलियर्ड्स, टेबल टेनिस आदि के सुविधा बा। एह में आधुनिक जिम बा। एकरा अलावे प्रशिक्षु लोग के घोड़सवारी, शूटिंग, तीरंदाजी, आत्मरक्षा, पर्वतारोहण आदि के प्रशिक्षण भी दिहल जाला। अधिकारी प्रशिक्षु लोग के पर्वतारोहण ट्रेकिंग, रिवर राफ्टिंग, पैरासेलिंग आ बाकी एडवेंचर खेल खातीरो ले जाइल जाला।

ग्रन्थालय[संपादन करीं]

गांधी स्मृति ग्रन्थालय के नाँव से चिन्हल जाए वाल एह ग्रन्थालय के लगे 1.65 लाख से ढेर किताब, 5000 सीडी/डीवीडी, 300 गो पत्र आ पत्रिका आ 38 गो अखबार बाटे। फोटोकॉपी के सुविधो उपलब्ध बा।

औषधालय[संपादन करीं]

प्रशिक्षणदेयी संस्था में डॉक्टर आ नर्सन के मेडिकल केन्द्रो बा। एकरा अलावे एगो पेथोलॉजी प्रयोगशाला , एक्स-रे यूनिट, डेंटल अउरी फिजियोथेरेपी यूनिटो बा।

आईटी सेवा[संपादन करीं]

प्रशिक्षणदेयी संस्था के कंप्यूटर सेक्शन डाटा प्रोसेसिंग आ हिसाब लेखा में लागल बा। एकरा अलावे एकरा में हाई स्पीड इंटरनेट कनेक्शन अउरी एडवांस सॉफ्टवेयर पेकेज बा।

अधिकारीयन के मेस[संपादन करीं]

अधिकारीयन के मेस प्रशिक्षणदेयी संस्था के भीतर एगो खान-पान के संस्था बा। परिवीक्षाधीन लोग द्वारा चलावल जाए वाला ई जगहा परिवीक्षाधीन लोग के बीच वैश्विक भाईचारा आ बन्धुत्ता के भावना उपजावे खातीर कोशिश करेले। एकर जिम्मेदारी औपचारिक आ अनौपचारिक मिलन समारोह के आयोजन करे के बा।

इंदिरा भवन परिसर[संपादन करीं]

ई सुविधा मुख्य परिसर से एक किलोमीटर दूर बा आ कक्षा में पढ़ावे आ कार्यशाला/सम्मेलन खातिर एगो विषेश सुविधा बा।

लाल बहादुर शास्त्री राष्ट्रीय प्रशासनिक प्रशिक्षणदेयी संस्था में मौजूद सभे सुविधा में अलग-अलग सक्षम लोग प विचार शामिल बा। अकादमी के हर भवन में एक्सेस रैंप आ ब्रेल कोडित लिफ्ट लगावल गइल बा जवना के इस्तेमाल विकलांग व्यक्ति श्रेणी के अधिकारी प्रशिक्षु लोग करीहें। प्रशिक्षणदेयी संस्था अलग-अलग सक्षम प्रशिक्षु लोग के जरूरत के आधार पर एगो सहायक नियुक्त करेले ताकि रोजमर्रा के गतिविधि में मदद मिल सके। अलग-अलग क्षमता वाला लोग के उपयोग खातीर कैंपस के भीतर इलेक्ट्रिक रेक्सो बा। एकरा अलावे अलग-अलग क्षमता वाला सभ अधिकारी प्रशिक्षुवन के हेप्पी वैली हॉस्टल बिल्डिंग में ग्रन्थालय, ऑफिसर मेस आ कक्षा तक चहुपे के सुविधा दिहल जाला।

लाल बहादुर शास्त्री राष्ट्रीय प्रशासनिक प्रशिक्षणदेयी संस्था के जीवन शिक्षण, रोमांच आ मस्ती से भरल बा। ई एगो परिवीक्षाधीन आई.ए.एस के प्रशिक्षु अधिकारी में ढाल देला आ ओह लोग के आई.ए.एस अधिकारी के काम करे खातिर जरूरी कौशल से परिपूर्ण करेला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. https://byjus.com/free-ias-prep/lbsnaa-history-and-some-interesting-facts/. {{cite web}}: Missing or empty |title= (help)
  2. https://www.eliteias.in/everything-about-lbsnaa/. {{cite web}}: Missing or empty |title= (help)
  3. https://iasbabuji.com/upsc-training/lbsnaa/. {{cite web}}: Missing or empty |title= (help)
  4. byjus https://byjus.com/free-ias-prep/lbsnaa-ias-training-bharat-darshan/. {{cite web}}: Missing or empty |title= (help)
  5. byjus https://byjus.com/free-ias-prep/lbsnaa-ias-training-bharat-darshan/. {{cite web}}: Missing or empty |title= (help)