रिनाक

विकिपीडिया से
रिनाक
Rhenock
शहर
देस भारत
राज्यसिक्किम
जिलापूर्ब सिक्किम
Elevation
1,040 m (3,410 ft)
भाषा
 • ऑफिसियलनेपाली (गोरखा), भूटिया, लेप्चा, लिंबू, नेवारी, राय, गुरंग, मंगर, शेर्पा, तमांगसुनवार
Time zoneUTC+5:30 (IST)
पिनकोड
737 133
टेलीफोन कोड03592
Vehicle registrationSK

रिनाक (अंग्रेजी:Rhenock) सिक्किम के पूर्वी जिला में परेला। इ सिक्किम के छोटा-सा क्षेत्र बा। जहाँ बजार,और गाँव स्थल बा । सिक्किम के राजधानी गान्तोक बा जौन लगभग 63 किलोमिटर दूर जलेपला पास जायेवाला मार्ग मे अवस्थित बा इ स्थल समुद्री सतह से 1040 मिटर उचाई पर बा। लेप्चा बोली के दुगो शव्द रे - नोक से बनल ( बाद में रिनाक) जएकर अर्थ होअला "काला पहाड"। रिनाक बजार से उपर मे अवस्थित आरिटार मे राज्य के पहिल्का पुलिस चौकी के स्थापना भइल। ओहि के कारन इ स्थल राज्य के खातिर इतिहासी बा।

इतिहास[संपादन करीं]

आज तक रिनाक के लिखित इतिहास जानकारी में न होखे के कारन बुजुर्गोंन के मुह से सुनल तथ्यों आउर सीमित स्रोत से मिल्ल जानकारी के अनुसार- तेह्रौं शताव्दी तक इहा के स्थल घोर जंगल से ढकल रहल। लेप्चा जाति प्रथम वासिन्दा कह्ल्य्लन। ओक्रा बाद भुटिया औरि नेपाली समुदाय के लोग ई स्थल पर आइल।

सामजिक ढांचा[संपादन करीं]

रिनाक में सिक्किम के औरि जगह जैसन सब जाति के लोग रहेलन, जौन मे लेप्चा, भुटिया, नेपाली (गोर्खा), मारवाडी और बिहारी सामिल बारन।

शैक्षणिक संस्थान[संपादन करीं]

रिनाक के शैक्षिक इतिहास राज्य के ओरि जगहन से लम्बा बा। एही स्थल पर राज्यके सर्वप्रथम विद्यालय के स्थापना सन 1880 में मिशनरियन द्वारा भइल। बाद में ई विद्यालय के सिक्किम सरकार अधिग्रहण करके किंगस्टोन में स्थानान्तरित करदेह्ल्स ओरि उच्चतर माध्यमिक विद्यालय के दर्जा दिह्ल्स। हाल में ई विद्यालय के रिनाक उच्चतर माध्यमिक विद्यालय के नाम से जानल् जाला। सिक्किम के सर्वप्रथम संस्कृत विद्यालय रिनाक के मन्दिर में स्थापित कइल गइल। सिक्किम भारत में विलय भइला के बाद निम्न विद्यालय भइल-

  1. सरकारी महाविद्यालय
  2. रिनाक उ. माध्यमिक विद्यालय
  3. तारपिन मा. विद्यालय
  4. सुदुंगलाखा मा. विद्यालय
  5. आरिटार मा. विद्यालय
  6. सन्त जोशेफ विद्यालय
  7. संस्कृत पाठशाला
  8. अन्य नि.मा.विद्यालय ओरि प्रा.पाठशालाएँ

पर्यटक स्थल[संपादन करीं]

  1. आरिटार तालाव, रिनाक(पूर्व सिक्किम)
  2. आरिटार (लाम्पोखरी)
  3. आरिटार गुम्पा
  4. सिद्धिविनायक मन्दिर (निर्माणाधीन)
  5. फूलों के नर्सरी।
  6. रेसि इको टुरिसम
  7. रामगौरि सगंरालय