यूराल नदी

विकिपीडिया से
(यूराल से अनुप्रेषित)
यूराल
ओराल आ अत्यरोव के बीचा में हवाई जहाज से देखे पर यूराल नदी
लोकेशन
देशकजाकिस्तान, रूस
भौतिक लच्छन सभ
Source 
 - locationयूराल परबत
मुहाना 
 - location
कैस्पियन सागर
लंबाई2,428 किमी (1,509 मील)
थाला के साइज231,000 किमी2 (89,000 वर्ग मील)
Discharge 
 - average400 m3/s (14,000 cu ft/s)
ऑफिशियल नाँवUral River Delta and adjacent Caspian Sea coast
तिथी10 मार्च 2009
रिफरेंस नं॰1856[1]

यूराल (अंग्रेजी: Ural river) रूसकजाकिस्तान देसन में बहे वाली जे परंपरागत बिभाजन में यूरोपएशिया महादीपन के सीमा बनावे ले। ई यूराल परबत के दक्खिनी हिस्सा से निकले ले आ अंत में कैस्पियन सागर में जा गिरे ले। 2,428 किलोमीटर (1,509 मील) के लंबाई वाली ई नदी वोल्गाडेन्यूब के बाद यूरोप महादीप के तिसरी सबसे लमहर नदी हवे आ एशिया महादीप के 18वीं सबसे लमहर नदी हऽ।

यूराल नदी के उदगम यूराल परबत के माउंट क्रुग्ल्याया चोटी के लगे से होखे ला जेकरे बाद ई परबत के समानांतर दक्खिन मुँह बहे ले आ मैग्नितोगोर्स्क पहुँचे ले, एकरे बाद ओर्स्क हो के बहे के बाद पच्छिम मुँह के हो जले आ लगभग 300 किमी बहे के बाद ओराल के लग्गे फिर से दक्खिन मुँह के हो जाले। एकरा बाद ई एगो बड़हन मैदानी हिस्सा में मियांडर बनावत बहे के बाद अत्यराओ के कुछ नीचे जा के कैस्पियन सागर में मिले ले आ आपन खास किसिम के फेड़ के आकृति भा चिरई के पंजा के आकृति के (डिजीटेट) डेल्टा बनावे ले।

यूराल नदी के डेल्टा आ आसपास के कैस्पियन सागर के तीर रामसर साइट के दर्जा वाला अस्थान हवे, एकरा के ई दर्जा 2009 में दिहल गइल रहे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Ural River Delta and adjacent Caspian Sea coast". Ramsar Sites Information Service. Retrieved 25 April 2018.