मोती बीए

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
मोती बीए
जनम मोतीलाल उपाध्याय
(1919-08-01)अगस्त 1, 1919
देवरिया, उत्तर प्रदेश
निधन जनवरी 18, 2009(2009-01-18) (उमिर 89)
भाषा भोजपुरी, हिंदी, उर्दू
राष्ट्रीयता भारतीय
शिक्षा एम.ए., बीटी
मूल पाठशाला काशी विश्वविद्यालय
बिधा गीत, कविता, लेख

मोतीलाल उपाध्याय (1 अगस्त 1919 – 18 जनवरी 2009) जिनके मोती बी.ए. के नाँव से बेसी जानल जाला, भोजपुरी, हिंदी आ उर्दू भाषा के गीतकार, कवि-साहित्यकार आ रहलें।[1] उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला में बरहज के लगे जनमल मोती बीए के भोजपुरी भाषा के गीत सभ के हिंदी सिनेमा में अस्थापित करे के श्रेय दिहल जाला। एकरे अलावा ऊ हिंदी फिलिम सभ खाती गीत भी लिखलें आ कई फिलिम सभ में एक्टिंग ओ कइलें।

जीनगी[संपादन]

उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला मे जनमलन। बिद्यालय के पढ़ाई इहाँ के कींग जॉर्ज स्कूल से १९३४ मे समाप्त कइनी।[2] फेर बनारस हिंदू विश्वविद्यालय से १९३८ मे बिए कइलन।

पेसा[संपादन]

१९४४ से १९५२ ले ई गीतकार आ संगीतकार रहलन। मोतिजी पंचोली आ फिल्मीस्तान जस कंपनी मे काम कइलन। १९५२ मे देवरिया श्री कृष्ण इंटर कॉलेज मे ई प्राध्यापक बनलन।[3]

रचना[संपादन]

  • सेमर के फूल
  • तुलसी रसायन
  • मोती के मुक्तक
  • महुआबारी
  • बन बन बोले कोइलिआ

पुरस्कार आ मान[संपादन]

  • २००१ मे भोजपुरी मे भासा सम्मान पुरस्कार भेटाईल।[4]

संदर्भ[संपादन]

  1. "भोजपुरी की दुनिया में मोती बीए की है अमिट छाप". अमर उजाला.
  2. "100 BIRTH ANNIVERSARY OF BHOJPURI WRITER MOTI BA". डेली बिहार.
  3. तिवारी, अर्जुन (2014). भोजपुरी साहित्य के इतिहास (किताब). विश्वविद्यालय प्रकाशन. प. 165.
  4. "BHASHA SAMMAN AWARDEES". साहित्य अकादमी.