मोती बीए

विकिपीडिया से
मोती बीए
जनममोतीलाल उपाध्याय
(1919-08-01)अगस्त 1, 1919
देवरिया, उत्तर प्रदेश
निधनजनवरी 18, 2009(2009-01-18) (उमिर 89)
भाषाभोजपुरी, हिंदी, उर्दू
राष्ट्रियताभारतीय
शिक्षाएम.ए., बीटी
महतारी संस्थाकाशी विश्वविद्यालय
बिधागीत, कविता, लेख

मोतीलाल उपाध्याय (1 अगस्त 1919 – 18 जनवरी 2009) जिनके मोती बी.ए. के नाँव से बेसी जानल जाला, भोजपुरी, हिंदी आ उर्दू भाषा के गीतकार, कवि-साहित्यकार आ रहलें।[1] उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला में बरहज के लगे जनमल मोती बीए के भोजपुरी भाषा के गीत सभ के हिंदी सिनेमा में अस्थापित करे के श्रेय दिहल जाला। एकरे अलावा ऊ हिंदी फिलिम सभ खाती गीत भी लिखलें आ कई फिलिम सभ में एक्टिंग ओ कइलें।

जीनगी[संपादन करीं]

उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला मे जनमलन। बिद्यालय के पढ़ाई इहाँ के कींग जॉर्ज स्कूल से १९३४ मे समाप्त कइनी।[2] फेर बनारस हिंदू विश्वविद्यालय से १९३८ मे बिए कइलन।

पेसा[संपादन करीं]

१९४४ से १९५२ ले ई गीतकार आ संगीतकार रहलन। मोतिजी पंचोली आ फिल्मीस्तान जस कंपनी मे काम कइलन। १९५२ मे देवरिया श्री कृष्ण इंटर कॉलेज मे ई प्राध्यापक बनलन।[3]

रचना[संपादन करीं]

  • लतिका
  • प्रतिबिम्बनी
  • शेक्सपियर के सॉनेट का हिंदी पद्यानुवाद
  • सेमर के फूल
  • तुलसी रसायन
  • मोती के मुक्तक
  • महुआबारी
  • बन बन बोले कोइलिआ

पुरस्कार आ मान[संपादन करीं]

  • २००१ मे भोजपुरी मे भासा सम्मान पुरस्कार भेटाईल।[4]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "भोजपुरी की दुनिया में मोती बीए की है अमिट छाप". अमर उजाला.{{cite news}}: CS1 maint: url-status (link)
  2. "100 BIRTH ANNIVERSARY OF BHOJPURI WRITER MOTI BA". डेली बिहार.{{cite news}}: CS1 maint: url-status (link)
  3. तिवारी, अर्जुन (2014). भोजपुरी साहित्य के इतिहास (किताब). विश्वविद्यालय प्रकाशन. p. 165.
  4. "BHASHA SAMMAN AWARDEES". साहित्य अकादमी.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)