मोइन उल हक स्टेडियम
मोइन उल हक स्टेडियम | ||||
![]() | ||||
मैदान जानकारी | ||||
---|---|---|---|---|
स्थान | पटना, बिहार, भारत | |||
स्थापना | 1969 | |||
बैठने की क्षमता | 25,000 | |||
मालिक | बिहार क्रिकेट संघ | |||
Operator | बिहार क्रिकेट संघ | |||
किरायेदार | भारतीय क्रिकेट टीम बिहार क्रिकेट टीम | |||
End names | गंगा एंड पविलिअन एंड | |||
International information | ||||
पहला ODI | 15 November, 1993: Sri Lanka v Zimbabwe | |||
पिछला ODI | 27 February, 1996: Zimbabwe v Kenya | |||
As of 8 November, 2019 |
मोइन उल हक स्टेडियम बिहार राज्य के पटना मे एगो स्टेडियम बाटे। एहमे तीन गो एकदिवसीय अंतराष्ट्रीय मैच भईल बा जेमे से एगो मैच 1996 के विश्व कप के रहे। एकर क्षमता 24000 दरसक के बाटे। ई बिहार रणजी दल के घरेलू मैदान हटे। बिहार सरकार अबहिं एकर बिकास कऽ के 42,500 के क्षमता पे काज करऽता। बिहार के क्रिकेट टीम एह मैदान प बहुते रंजी मैच खेलल बा।
इतिहास[संपादन]
पहिले एकर नांव राजेन्द्र नगर स्टेडियम रहे। 1970 मे मोइन उल हक के नांव प हेकर नांव धराइल। जेवन की भारतीय ओलींपिक संघ के मुख सचिव रहन आ बिहार क्रिकेट संघ के संस्थापक लोग मे से एगो रहन।[1]
मैदान के जानकारी[संपादन]
ई एगो आधुनिक आ अंतराष्ट्रीय स्तर के स्टेडियम रहे।[2] बाकिर भारतीय क्रिकेट नियंत्रण बोर्ड आ बिहार क्रिकेट संघ के लड़ाई के चलते एह स्टेडियम मे मैच के आजोजन ना होखला के चलते ई पुरान हो गइल आ हेकर हालत खराब भ गइल। झारखंड आ बिहार मे बखरा लगला के बादि बिहार क्रिकेट के मान्यता चल गइल आ एहिजा रणजी ओ होखल बन हो गइल। बाकिर फेर मान्यता मिलला के बादि एहिजा रणजी होला आ बिहार रणजी दल एहीजे मेजबान बनि के खेलेला। एह मैदान के अंतराष्ट्रीय मानक प तेयार कईल जाता।
संदर्भ[संपादन]
- ↑ "Bihar Cricket Association reinstated". पुरालेखित से पुरालेखित 11 सितंबर 2008 के. पहुँचतिथी 10 सितंबर 2008.
- ↑ "Moin-ul-Haq Stadium (Moinul Haque Stadium)". ओरिजनल से 7 जुलाई 2012 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 10 सितंबर 2008.
![]() | ई बिहार से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |