माजुली
माजुली भारतीय राज्य आसाम में ब्रह्मपुत्र नदी में एगो नदी टापू बाटे।[1] 2016 में एकरा के अलगा जिला घोषित क दिहल गइल आ ई भारत के अपना तरह के पहिला जिला हवे। बीसवीं सदी के सुरुआत में एकर एरिया 880 वर्ग किलोमीटर रहल, हालाँकि, बाद में एकर एरिया कम होखत गइल आ 2014 के आँकड़ा के मोताबिक अब एकर कुल रकबा 553 वर्ग किलोमीटर बाटे। माजुली के क्षेत्र घटल बाटे काहें की नदी के एरिया बढ़ गइल बा।
माजुली दीप के दक्खिन में ब्रह्मपुत्र के मुख्य धारा बहे ले जबकि उत्तर में खेरकुटिया नाँव के उपधारा (एनाब्रांच) बहे ले जेह में उत्तर से सुबनसिरी नदी आ के मिले ले। माजुली दीप पर जाए खातिर जोरहाट से फेरी चले लीं। आसाम के गुवाहाटी शहर से ई लगभग तीन-चार सौ किलोमीटर पूरुब में पड़े ला।
सांस्कृतिक रूप से माजुली के महत्व नव-वैष्णव शाखा के खातिर हवे। 2004 से ई दीप यूनेस्को के बिस्व धरोहर में सामिल होखे खातिर टेंटेटिव लिस्ट में रखल गइल बाटे।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]सन्दर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "In photos: The unseen corners of Majuli, the world's largest river island". The Times of India. 2026-06-01. ISSN 0971-8257. Retrieved 2026-08-30.
| ई भारत के कौनों अस्थान भा भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |