Jump to content

तेजपुर

विकिपीडिया से
तेजपुर
शोणितपुर
शहर
गणेश घाट लगे साँझ के बेरा के सीन
गणेश घाट लगे साँझ के बेरा के सीन
तेजपुर is located in Assam
तेजपुर
तेजपुर
आसाम में लोकेशन
तेजपुर is located in India
तेजपुर
तेजपुर
तेजपुर (India)
Coordinates: 26°38′N 92°48′E / 26.63°N 92.8°E / 26.63; 92.8निर्देशांक: 26°38′N 92°48′E / 26.63°N 92.8°E / 26.63; 92.8
देस भारत
राज्यआसाम
जिलाशोणितपुर
Area
  Total40 किमी2 (20 बर्ग मील)
  Rank5वाँ
Elevation
48 m (157 ft)
Population
 (2011)[1]
  Total102,505
  Density2,600/किमी2 (6,600/बर्ग मील)
भाषा
  ऑफिशियलअसमिया भाषा
Time zoneUTC+5:30 (IST)
पिनकोड
784001
Vehicle registrationAS -12
Websitesonitpur.nic.in

तेजपुर (Tezpur) भारतीय राज्य आसाम के बिचला-उत्तरी हिस्सा में ब्रह्मपुत्र नदी के उत्तरी तीरे पर बसल एगो माझिल साइज के शहर बा। ई शहर आसाम के राजधानी गुवाहाटी से लगभग 175 किलोमीटर (109 मील) उत्तर-पूरुब ओर बसल बा आ सड़क, रेल आ हवाई मार्ग से जुड़ल शहर बा। शहर ब्रह्मपुत्र आ उत्तर ओर से आ के एह में मिले वाली कामेंग नदी के संगम पर बसल बा आ कामेंग नदी एह शहर के पूरुब से बहे ले। शहर में अंदरूनी टोपोग्राफी ऊँच-नीच बा आ कई गो पहाड़ीनुमा जगह बा आ कई गो झील बाड़ी सऽ।

मध्य आसाम के ई एगो महत्वपूर्ण शहर हवे आ इहाँ के जनसंख्या 100,000 से ऊपर बा। ई एह बिचला इलाका के प्रमुख प्रशासनिक, बानिज्यिक आ शिक्षा के केंद्र बा। एकरे अलावा मलेटरी हिसाब से भी ई महत्व के शहर बा आ इहाँ भारत के प्रमुख सैनिक हवाई अड्डा बाटे आ आइटीबीपी के बेस भी बा।