Jump to content

मगहर

विकिपीडिया से
मगहर
आमी नदी के घाट
आमी नदी के घाट
मगहर के लोकेशन Uttar Pradesh में
मगहर
मगहर
उत्तर प्रदेश में लोकेशन
मगहर के लोकेशन India में
मगहर
मगहर
मगहर (India)
Coordinates: 26°46′N 83°08′E / 26.76°N 83.13°E / 26.76; 83.13निर्देशांक: 26°46′N 83°08′E / 26.76°N 83.13°E / 26.76; 83.13
देश भारत
राज्यउत्तर प्रदेश
जिलासंत कबीर नगर
Elevation
68 m (223 ft)
Population
 (2011)
  Total
19,181
भाषा
  ऑफिशियलहिंदी, उर्दू
  लोकलभोजपुरी
Time zoneUTC+5:30 (IST)
Postal code
272 173
Vehicle registrationUP-58
Websiteup.gov.in

मगहर भारत के उत्तर प्रदेश राज्य के संत कबीर नगर जिला में एगो कस्बा आ नगर पंचायत बा।

15वीं सदी के रहस्यवादी कवी आ संत कबीर साहेब एहिजा ध्यान कइलन आ सतलोक गइलन आ उनका शरीर के जगह पर सुगंधित फूल मिलल। ऊ फूल उनकर हिंदू आ मुसलमान दुनु चेला लोग में बाँटल गइल। इहाँ हिंदू आ मुसलमान दू गो स्मारक बनवले बाड़े जवन 100 मीटर के दूरी पर बा आ ओहमें फूलन के आपन आपन हिस्सा रखले बाड़ें।[1][2]

मगहर के अक्षांस-देशांतर में लोकेशन 26.76°N 83.13°E पर बाटे। प्रशासनिक हिसाब से ई उत्तर प्रदेश के बस्ती मंडल में, संत कबीर नगर जिला (पहिले खलीलाबाद) में जिला मुख्यालय खलीलाबाद से गोरखपुर रोड पर करीबन 9 किलोमीटर के दूरी पर बाटे।

भौतिक भूगोल के हिसाब से ई गंगा मैदान के हिस्सा सरजू-राप्ती दुआबा में राप्ती नदी के सहायिका आमी नदी के तीरे बसल कस्बा बाटे। समुंद्र तल से एकर औसत ऊँचाई 68 मीटर (223 फीट) बा।

धार्मिक महत्व

[संपादन करीं]

ई जगह कबीर साहेब जी से जुड़ल बा। मान्यता के अनुसार इहे उ जगह ह जहवाँ उ अपना जीवन के अंतिम समय में आ के रहलें आ एगो गुफा में ध्यान आ साधना कइलेन आ एहिजे से एह नश्वर संसार से सतलोक खातिर प्रस्थान कइले रहले। कथा बतावे लीं कि उनकर गइला के बाद उनकर चेला लोग के खाली सुगंधित फूल मिलल आ कबीर साहेब खातिर दुनों धरम के मान्यता के हिसाब से दू गो स्मारक बनवावल गइल। हिंदू धरम के समाधी राजा वीर सिंह बघेल, आ मुसलमानी मज़ार भा दरगाह के मुस्लिम सरदार बिजली खाँ बनववलें। ई दुनो स्मारक एक दूसरा से 100 मीटर के दूरी पर मौजूद बाड़ें। ई उत्तर प्रदेश के राज्य पुरातत्व विभाग द्वारा संरक्षित स्मारक हवें आ पूरा परिसर के कबीर समाधि स्थल के नाँव से जानल जाला। कबीरपंथ के अनुयाई लोगन खातिर ई पबित्र आ बहुत महत्व के जगह हवे, जबकि बाकी कौनहूँ धरम के लोग एहिजा एह समारक सभ के देखे आवे लें।

साल 2011 के भारत के जनगणना के हिसाब से मगहार के जनसंख्या 19,181 बाटे।

  1. "Kabir | Birth, Poetry, Religion, & Facts | Britannica". Encyclopedia Britannica (अंग्रेजी में).
  2. Keay, F. E. (1931). "Kabir and his followers : the religious life of India". Association Press, Calcutta.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]