भेली
भेली, गूर, या गुड़ (अंगरेजी: Jaggery) मुख्य रूप से ऊख के रस से, आ अन्य रूप में तरकुल के रस या खजूर से बनावल जाए वाला एक ठो ठोस, मीठ पदार्थ हवे। आमतौर पर ई ठोस गोली या पिंडी के रूप में बनावल जाला, एही के ठोस के बजाय कुछ गाढ़ तरल रूप के भोजपुरी क्षेत्र में गूर या राब कहल जाला।
भेली के पिंडी के आकार भी अलग अलग क्षेत्र में अलग अलग होला आ एक ठो भेली 20 ग्राम से ले के पाव भर (250 ग्राम) ले के हो सकेला। पच्छिमी उत्तर प्रदेश में, जहाँ एकरा के गुड़ कहल जाला, अउरी बड़ा आकर के ढोंक भी बनावल जाला। रंग में ई सुनहरी-भूरा रंग से ले के लगभग करिया रंग ले के हो सकेला।
मुख्य रूप से ई एशियाई महादीप आ अफिरका में बनावल जाला। सभसे ढेर प्रचलन उत्तर प्रदेश आ बिहार के इलाका में बाटे आ ई उत्तर प्रदेश में एक ठो बहुत ब्यापक उद्योग हवे जेकरा से लोकल स्तर पर लोग जुड़ल बाटे।
इहो देखल जाय[संपादन]
संदर्भ[संपादन]
ई भोजन-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |