भारतीय राष्ट्रपति चुनाव, 2017

विकिपीडिया से
भारतीय राष्ट्रपति चुनाव, 2017
भारत
2012 ←
17 जुलाई 2017 → 2022

  Meira Kumar.jpg
Nominee राम नाथ कोविंद मीरा कुमार
पार्टी भारतीय जनता पार्टी कांग्रेस
गठबंधन नेशनल डेमोक्रेटिक एलायंस (एनडीए) यूपीए
घर राज्य उत्तर प्रदेश बिहार

Indian presidential election, 2017.svg


Incumbent राष्ट्रपति

प्रणब मुखर्जी
निर्दल उमेदवार



भारतीय राष्ट्रपति चुनाव सोमार, 17 जुलाई 2017 के भइल, वोट के गिनती आ रिजल्ट के घोषणा 20 जुलाई के भइल। एह चुनाव में राम नाथ कोविंद चुनल गइलें। राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी के कार्यकाल 24 जुलाई के ख़तम हो रहल बा आ कोविंद के कार्यकाल 25 जुलाई 2017 से सुरू होखी।

केंद्र में सत्ताधारी दल, एनडीए के सपोर्ट वाला उमेदवार के रूप में, बिहार के राज्यपाल रामनाथ कोविंद एह चुनाव में बिजई भइलेन जबकि एह चुनाव में उनके सोझा यूपीए आ अन्य बिपक्षी दल सभ के समर्थन वाली मीरा कुमार प्रतिद्वंदी रहली।

चुनाव[संपादन करीं]

भारत में राष्ट्रपति के चुनाव खातिर एक ठो चुनाव मंडल (इलेक्टोरल कॉलेज) वोट करे ला, एह में संसद के सगरी चुनल गइल प्रतिनिधि लोग आ राज्य सभ के बिधान सभा के सभ चुनल गइल बिधायक लोग सामिल होला।[1] 2017 तक ले, एह मंडल में 776 एमपी आ 4120 एमएलए लोग बा। वर्तमान कुल वोट 10,98,882 बाने आ आधा के निशान 5,49,442 वोट पर बार। हाल के भइल राज्य बिधान सभा के चुनाव सभ के बाद एनडीए लगभग 20,000 से पाछे बाटे।[2]

राष्ट्रपति के चुनाव के तरीका भारतीय संबिधान के अनुच्छेद 55[3][4] में बतावल गइल बा।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.

  1. "Election of The President". प्रेस सूचना ब्यूरो. Retrieved 28 April 2016.
  2. "How BJP's UP Win Will Impact Presidential Election. Numbers Explained". एनडीटीवी. Retrieved 13 मार्च 2017.
  3. Pratyogita Darpan. Upkar Prakashan. pp. 167–. Retrieved 28 April 2016.
  4. http://eci.nic.in/eci_main/President_VP_Elec2012/Presidential_Elections-FAQ.pdf