भतुआ पाग

विकिपीडिया से
भतुआ पाग
केसर पेठा
दूसर नाँवपेठा (हिंदुस्तानी में)
खाए के समयमिठाई
उत्पत्ती अस्थानभारतीय उपमहादीप
क्षेत्रउत्तर भारत, बिसेस रूप से आगरा
जुड़ाव राष्ट्रिय पकवानभारतीय मिठाई
आबिस्कार भइलuncertain
मुख्य सामग्रीभतुआ, चीनी
एनर्जी
(per हर परोस)
~250 kcal

भतुआ पाग एक किसिम के मिठाई हवे जे भतुआ के टुक्की सभ के चीनी में पाग के बनावल जाला। साधारन तौर प ई उज्जर रंग के चौकोर आ नरम टुकड़ा होखे लें जिनहन में चिन्नी के चाशनी सोखा के बनावल गइल होला। आमतौर पर ई सूखल होखे लें हालाँकि मौसम में नमी के चलते पसीज के गील हो सके लें चाहे कुछ दसा में ई गील चाशनी वाला बनावले जाला।

अंग्रेजी के हिसाब से ई एक तरह के कैंडी हवें जिनहन में चिन्नी मुख्य होला; जबकि एकरा के एक तरह के मोरब्बा भी मानल जा सके ला।[1] हिंदी में एकरा के पेठा[2] के नाँव से जानल जाला आ आगरा के पेठा मशहूर हवे।

आगरा के पेठा
भतुआ के मोरब्बा, चाशनीदार भतुआपाग

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Shrivastva, D. N. गृह विज्ञान (Home Science) For B.A. Sem.-1 (According to NEP-2020) (हिंदी में). SBPD Publishing House. ISBN 978-93-90498-90-1.
  2. Sharma, Sudhirendar (2019-10-12). "Name, place, confection, thing". The Hindu (भारतीय अंग्रेजी में). ISSN 0971-751X. Retrieved 2020-10-28.