बासमती

विकिपीडिया से
बासमती चाउर
Khyma and Basmati rice.jpg
आम ब्राउन राइस (बाएँ) आ बासमती ब्राउन राइस (दहिने)
जातिओराइजा
प्रजातिओराइजा सैटाइवा
मूल जगहभारतीय उपमहादीप
भारतीय बासमती के पकावल भात।

बासमती महकउवा चाउर के एगो किसिम हवे, छरहर अ लमछर दाना वाला ई चाउर भारतीय उपमहादीप के खास चाउर मानल जाला।[1] साल 2014 ले, पूरा दुनिया में एकरे निर्यात (एक्सपोर्ट) में भारत के हिस्सा 59 भारत के रहल आ बकिया पाकिस्तान के रहल। हालाँकि, औरियो कई गो देस सभ में ई उपजावल जाला आ देस के भीतर इस्तेमाल कइल जाला।[2]

एह चाउर के पेटेंट आ जीआई टैग भारत के लगे बा। एकरे अलावा भारतीय राज्य बिहार में नकली बासमती बनावे के खबर भी अखबारन में रहल, रिपोट के मोताबिक आम किसिम के चाउर में फ्लेवर वाला पावडर मिला के ओकरे के कतरनी बासमती कहि के बेचल जाला।[3]

संदर्भ[संपादन करीं]