बलदेव उपाध्याय
Appearance
(बलदेव उपधिया से अनुप्रेषित)
बलदेव उपाध्याय | |
---|---|
Born | |
Died | 10 अगस्त 1999 बनारस, उत्तर प्रदेश, भारत | (उमिर 99)
Nationality | भारतीय |
Alma mater | बनारस हिंदू विश्वविद्यालय |
Awards | पद्मभूषण |
बलदेव उपाध्याय (10 अक्टूबर 1899 - 10 अगस्त 1999) संस्कृत आ दर्शन के बिद्वान आ लेखक रहलें। इनके जनम बलिया जिला के सोनबरसा गाँव में भइल आ पढ़ाई बनारस हिंदू विश्वविद्यालय से। इनके लिखल कइयन ठे किताब बाड़ी आ खासतौर प इनके संस्कृत साहित्य, संस्कृत साहित्य के इतिहास, भारतीय दर्शन वगैरह बिसय प हिंदी भाषा में किताब लिखे खाती जानल जाला, जबकि इनका से पहिले अइसन किताब या त अंग्रेजी भा जर्मन भाषा में लिखल गइल रहली स या फिर सीधे संस्कृते में रहली सऽ। इनकर छोट भाई कृष्णदेव उपाध्याय भोजपुरी भाषा के साहित्य आ लोक साहित्य प काम करे खाती जानल जालें।
बलदेव उपधिया के साल 1984 में भारत सरकार द्वारा पद्म भूषण सम्मान दिहल गइल।
संदर्भ
[संपादन करीं]ई लेख एगो लेखक, कवि या नाटककार की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |