बरफ

विकिपीडिया से
बर्फ के टुकड़ा
टुकड़ा के रूप में बरफ; बीच के सफेद हिस्सा पानी में हवा के महीन बुलबुला सभ के मौजूद होखे से बनल बा

बरफ भा बर्फ (अंगरेजी:Ice; उच्चारण: आइस) पानी के ठंढा हो के जम जाए से बने वाला ठोस चीज हवे। अगर जमे वाला पानी में कौनों अउरी पदार्थ, माटी भा हवा के बुलबुला ना होखे, आमतौर पर बरफ पारदर्शी (ट्रांसपैरेंट) होखे ले या फिर कुछ निलछाहूँ रंग लिहले सफेद रंग के होखे ले।

सौर मंडल में पानी के ई जमल रूप बरफ सुरुज से एकदम नगीचे वाला ग्रह बुध प भी मिले ला आ सौर मंडल के सभसे दूर भा बाहरी ऊर्ट बदरी वाला इलाका में भी बरफ मिले ला। पृथ्वी पर बहुत सारा इलाका सभ में प्राकृतिक रूप से बरफ पावल जाले आ मनुष्य द्वारा कई काम खाती मशीनी तरीका से पानी के जमा के भी बरफ बनावल जाला। पृथ्वी प बरफ के सभसे बड़ भंडार ध्रुवीय इलाका सभ में मौजूद बरफटोपी (आइस कैप) बाड़ें आ ऊँच परबत सभ के ऊपरी हिस्सा में भी बहुत मात्रा में बरफ पावल जाले।

बरफ पृथ्वी के मौसम आ जलवायु के हिस्सा हवे आ पृथ्वी पर पानी के चक्र (हाइड्रोलॉजिकल साइकिल) के भी हिस्सा हवे। मौसम के घटना के रूप में आकास से गिरे वाला बरफ रुई के फुहा नियर भी हो सके ला जेकरा के बर्फबारी कहल जाला या फिर ठोस रूप में पाथर परे के समय गोल-गोल टुकड़ा के रूप में भी गिरे ला। एकरे अलावा पाला आ स्लीट वगैरह के रूप में भी आकासी पानी सीधे बरफ के रूप में पृथ्वी के सतह पर जमा हो सके ला।

बरफ के आदमी कई रूप में इस्तेमाल करे ला। प्राकृतिक बरफ वाला इलाका सभ में खेलकूद खाती भी एकर इस्तेमाल होला। कई रूप में, बरफ के इस्तेमाल ठंडा करे वाला पदार्थ के रूप में होला जेह में आम इस्तेमाल में आवे वाला शरबत भा शराब के पेग में आइस क्यूब, मने बरफ के टुकड़ा तक ले सामिल बा।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]

  • आइस - ब्रिटैनिका एन्साइक्लोपीडिया पर (अंग्रेजी में)