हाइड्रोलाजी

विकिपीडिया से

हाइड्रोलॉजी (अंग्रेजी: Hydrology जे यूनानी भाषा के ὕδωρ, "हाइड्रो" माने "पानी" आ λόγος, "लोगोस" माने "अध्ययन") चाहे जलबिज्ञान (हिंदी में: जलविज्ञान) बिज्ञान के शाखा हवे जेह में पृथ्वी पर पानी के बिस्तार, आवाजाही, बितरन, आ मैनेजमेंट के अध्ययन कइल जाला। एह बिज्ञान में जलचक्र (हाइड्रोलॉजिकल साइकिल), जल संसाधन, आ पर्यावरण में पानी के बेसिन आ वाटरशेड अनुसार अध्ययन प्रमुख बिसय बाड़ें।