अंगरेजी

भोजपुरी विकिपीडिया से
इहाँ जाईं: नेविगेशन, खोजीं
EN (ISO 639-1)

अंगरेजी, भा अंग्रेजी भाषा (English language) मूल रूप से इंग्लैंडभाषा हवे जेवन अब हर ओ देश में बोलल जात बा जहाँ जहाँ अंग्रेज लोग राज कइलें। आज अमेरिका, आस्ट्रेलियान्यूज़ीलैंड जइसन देशन में ई मुख्य भाषा बा आ भारतीय क्षेत्र में भी ए भाषा क प्रचलन बहुत बा। भारत के मिजोरम नीयन कुछ राज्यन में ई सरकारी भाषा हवे।

भाषा बिज्ञान के बँटवारा के हिसाब से अंगरेजी एगो पच्छिमी जर्मनिक भाषा हवे जे मध्यकालीन इंग्लैंड में बोलल जाय आ अब बैस्विक रूप से आम बोलचाल के भाषा (लिंग्वा फ़्रैंका) बन चुकल बा।[1][2] प्राचीन काल में जर्मनिक मूल के एंगल्स नाँव के एगो जनजाति उत्तर-पूरुब दिशा से प्रवास क के इंग्लैंड आइल रहे जिनहन लोग के नाँव में एह भाषा के नाँव के जरि बा। अंतिम रूप से एह भाषा के नाँव बाल्टिक सागर में मौजूद एंग्लिया या एंग्लेन नाँव के प्रायदीप के नाँव पर पड़ल। अपना उच्चारण आ ब्याकरण के हिसाब से ई फ्रायसियन भाषा से सभसे नजदीक हवे, हालाँकि, एकरे शब्दभंडार में कई गो जर्मनिक भाषा सभ के परभाव सुरुआती मध्यकाल में पड़ल आ बाद में एह पर रोमांस भाषा सभ, खासतौर पर फ्रांसीसीलैटिन भाषा, के परभाव बहुत ढेर पड़ल।[3]

इहो देखल जाय[संपादन]

संदर्भ[संपादन]

  1. Crystal 2003a, p. 6.
  2. Wardhaugh 2010, p. 55.
  3. Finkenstaedt, Thomas; Dieter Wolff (1973); Ordered profusion; studies in dictionaries and the English lexicon; C. Winter; ISBN 3-533-02253-6.