फेल्सिक

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

भूबिज्ञान में, फेल्सिक (अंगरेजी: Felsic) अइसन आग्नेय चट्टान सभ के कहल जाला जिनहन में क्वार्ट्जफेल्सपार के मात्रा अपेक्षानुसार बेसी आ प्रमुख होखे। जबकि मैफिक चट्टान सभ में मैग्नीशियम आ लोहा (Fe) के मात्रा बेसी होखे ले। एही तरह से लावामैग्मा के भी फेल्सिक-मैफ़िक में बाँटल जाला।

एह तरीका से फेल्सिक अइसन सिलिकेट खनिज, मैग्मा आ चट्टान सभ के कहल जाला जिनहन में हल्लुक तत्व सभ के बहुतायत होखे जइसे की सिलिकन, ऑक्सीजन, एल्मुनियम, सोडियम आ पोटैशियम। फेल्सिक मैग्मा आ लावा के विस्कासिटी मैफिक के तुलना में बेसी होला।

संदर्भ[संपादन]