Jump to content

लावा

विकिपीडिया से

लावा (Lava) जमीनभीतरी ताप से पघिलल चट्टानी पदार्थ होला जे कौनों दरार चाहे मुहाना से पृथ्वी के ऊपरी परत क्रस्ट के फोर से बाहर निकलेला आ आमतौर पर एकर तापमान 700 से 1200 °C होखे ला। एह गरम पदार्थ के बाद में ठंढा के जम जाए के बाद वाला रूप के भी कभीकभार लावा कहल जाला। चट्टान के पघिलाव पृथ्वी आ औरियो कुछ ग्रह आ उपग्रह पर तजबीजल गइल बाटे। जबले ई पदार्थ जमीन के भीतर रहे ला एकरा के मैग्मा कहल जाला।